नेपाल के हाथी भारत मे तस्करी करके बेंचे लेजारहल समय हाथी सहित ३ जने पकडईलें

वीरगंज १२ चईत
पर्सा से भारत ओरी लेजा रहल दु गो हाथी सहित तीन जने के पर्सा पुलीस पकडले बा ।
चितवन भरतपुर महानगरपालिका– १८ जीतपुर रहेवाला ६० बरीस के बुद्धिराम महतो, ४० बरीस के राजु कुमाल आ पर्सा के पकहामैनपुर गाँवपालिका–५ सबैठवा के ३५ बरीस के सफरोज आलम पकडाईल बाडन ।
महतो आ कुमाल महाउत हउवन आ आलम हाथी बिक्री करे लेजाएवाला आदमी भईल पुलीस जनवले बा ।
नेपाल से भारत ओरी हाथी बिक्री करे लेजारहल सूचना मिलला के बाद पुगल पुलीस टोली उलोग के पकहामैनपुर गाँवपालिका–५ पोखरिया टोल से नियन्त्रण मे लेहल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक दीपक थापा जानकारी देहनी ।
उलोग के राष्ट्रिय निकुञ्ज तथा वन्यजन्तु संरक्षण ऐन मुताविक जरुरी कारबाही के खातिर पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज मे बुझावेके जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल बतवनी ।






