पर्सा के बहुदरमाई मे अबगे किनल गईल एम्बुलेन्स

वीरगंज १५ चईत

२०७४ साल मे भईल स्थानीय तह के निर्वाचन के बाद स्थानीय तह मे जनप्रतिनिधि चुनाके अईलें । ओकरा बाद उलोग के खातिर सवारी साधन किनेके होडबाजी हि चलल । जनता के एम्बुलेन्स आ दमकल से आपन खातिर गाडी, मोटरसाइकल किनेके काम के जनप्रतिनिधि प्राथमिकता मे रखलें ।

पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका भी ओकरा से अछुतो ना रहल । ०७६ भादो तक मे बहुदरमाई नगरपालिका मे ७० लाख ९० हजार रोपेया के गाडी आ २२ लाख ४१ हजार १ सय रोपेया मे ९ गो पल्सर बाइक खरिद कईल गईल । व्यापारिक पृष्ठभूमि होके नगर प्रमुख नितेन्द्र साह के गाडी चढेमे मुस्किल ना रहे ।

माकिर नगर के बासिन्दा के बेमार परेतक अस्पताल जाएमे मुस्किल रहे । ९ गो स्वास्थ्य चौकी भईल पालिका मे आपन एम्बुलेन्स ना रहे । मेयर साह उ समय एम्बुलेन्स खरिद के खातिर ११ लाख रोपेया छुट्यावल बतवले रहलन । माकिर बल्ल आके नगरपालिका जनता के खातिर भन्सार छुट मे एम्बुलेन्स खरिद कईले बा । नगरपालिका अग्नी इन्कर्पोरेट सँगे महिन्द्रा कम्पनी के ‘बोलेरो’ एम्बुलेन्स प्रायोजन के खातिर खरिद कईले बा । नयाँ एम्बुलेन्स के पूजा करके गाँवपालिका मे घुमावल गईल बा ।

१३ लाख २५ हजार रोपेया मे एम्बुलेन्स खरिद कईल नगरपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत विदुर उप्रेती जानकारी देहनी । १ बरीस पहिले हि निर्णय करके एम्बुलेन्स खरिद प्रक्रिया शुरु कईला पर भी आवेमे समय लागल उ बतवनी ।

‘भन्सार छुट के एम्बुलेन्स लियावे खातिर कागजी प्रक्रिया मिलावेमे समय लागल’ कहत उ ‘ओकरा बाद कोभिड महामारी के चलते गाडी आवे ना सकल, ओहिसे देरी भईल ।’

कम्पनी के नगरपालिका शुरु मे १० लाख ५० हजार रोपेया बुझवले रहे । गाडी अईला के बाद पेन्टिङलगायत काम के खातिर आउर खर्च भईल उनकर कहनाम बा ।

‘ई ख बर्ग के एम्बुलेन्स ह, अक्सिजन सिलिण्डर, मनिटरलगायत स्वास्थ्य सामान अनिवार्य चाहिं’, कहत उ, ‘तत्काल के खातिर ओईसहि सञ्चालन मे लियावल गईल बा, जरुरी सामान थपल जाई ।’

भन्सार छुट के एम्बुलेन्स खरिद के खातिर प्रादेशिक एम्बुलेन्स तथा पूर्व अस्पताल स्वास्थ्य सेवा व्यवस्थापन समिति के निर्णय सहित एकीकृत एम्बुलेन्स तथा पूर्व अस्पताल सेवा व्यवस्थापन समिति, स्वास्थ्य आपतकालीन तथा विपद व्यवस्थापन इकाई, स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय मे निवेदन पेश करेके पडि ।

ओकरा बाद समिति से निर्णय करके अर्थ मन्त्रालय मे जानकारी करावेके आ अर्थ मन्त्रालय भन्सार छुट के खातिर सम्बन्धित भन्सार कार्यालय मे पत्राचार करी । नगर प्रमुख साह भन्सार छुट मे एम्बुलेन्स खरिद प्रक्रिया एकदमे झण्झटिलो भईला से समय खरिद मे समय लागल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।