राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी पर्सा द्धारा जुलुस तथा कोणसभा

वीरगंज १५ चईत

राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी पर्सा जुलुस तथा कोणसभा पुरा कईले बा । जुलुस मे अनेकन नारा सहित के प्लेकार्ड मे आपन देह मे साट के हिन्दू राष्ट्र कायम कर, राजा सहित के प्रजातन्त्र कायम कर, संघियता खारेज कर, ःऋऋ खारेज कर, भरष्टचारी के कारवाही कर, गणतन्त्र खारेज करेके माग करत जुलुस, प्रदर्शन आ कोणसभासब पुरा कईल समाचारसब प्राप्त भईल बा ।

पार्टी कार्यालय रानिघाट स्थित रानिघाटमोठ से निकल जुलुस रानिघाट, घण्टाघर, माइस्थान, आदर्शनगर, मकालु होटल, घडिअर्वा होत घण्टाघर चौक मे जाके कोणसभा मे परिणत भईल रहे ।

कोणसभा के सम्बोधन करत राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी पर्सा के जिल्ला अध्यक्ष शुमेश्वरनाथ उपाध्याय ई देश मे राजा सहित के प्रजातन्त्र जरुरत रहल बतावत ई देश मे हिन्दु राष्ट्र के जरुरत रहल बतवले बाडन । साथे राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के राष्ट्रिय अध्यक्ष राजेन्द्र लिङ्देन सपथग्रहण करेके समय मे भ्रष्टचार करके खाएवाला माई के खुन पियल जईसन ह कहके उ अभिव्यक्ति के मध्यनजर करत हमनी उहे कसम के अधिन मे रहके अगाडि बढेके अभिव्यक्ति रखले रहलन ।

एहितरे बक्तब्य के समय मे राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी पर्सा के मानार्थ जिल्ला अध्यक्ष अंगद ठाकुर राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी हि देश के जोगा सकता आउर पार्टी जोगावे ना सकि साथे राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के आपन अमुल्य मत देके पहिलका पार्टी बनावे खातिर निहोरा कईले रहलन ।

एहितरे कोणसभा मे राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के वीरगंज महानगर अध्यक्ष जलेश्वर सरार्फ नेपाली काँग्रेस, नेकपा एमाले, नेकपा माओवादी, मधेसी दलसब बहुरुपीया भईला से उक्तदलसब से सवधान रहे खातिर निहोरा करत राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के आपन अमुल्य मत देके पहिलका पार्टी बनावे खातिर निहोरा कईले रहलन ।

एहितरे राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी पर्सा के बरिष्ठ नेता तथा पुर्व जिबिस सभापति शम्भु प्रसाद चौरसिया राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी हिन्दु राष्ट्र आ राजा सहित के प्रजातन्त्र कायम करेके बतवले रहलन ।

राष्ट्रिय प्रजातन्त्रिक युवक संगठन के जिल्ला अध्यक्ष राजाबाबु चौरसिया राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी पर्सा के आपन अमुल्य मत देके पहिलका पार्टी बनावे खातिर सहजोग करे खातिर निहोरा कईले रहलन ।

शुमेश्वरनाथ उपाध्याय के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे मानार्थ जिल्ला अध्यक्ष अंगद ठाकुर, पार्टी जिल्ला उपाध्यक्ष अवध किसोर साह, शान्ति केशी, निरा झा, रामयोधया राउत, पार्टी के जिल्ला सचिव पनालाल पटेल, जिल्ला सह– सचिव पवन प्रसाद साह, जिल्ला सदस्यलोग देवेन्द्र ढुङगाना, छठु साह कानु, उदित सहनी, उमेश कुमार राम, मम्ता देबी, देवकी थरुनी लगायत पदेन सदस्यसब शिवनारायण मिश्र, योगेन्द्र पटेल, चन्द्रिका सहनी, दिपनारायण यादव, रोसन यादव अनेकन आदमीसब के उपस्थिति रहल रहे । कार्जक्रम के सञ्चालन पार्टी के पुर्ब केन्द्रीय सदस्य नगिना कुमार यादव कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।