वीरगंज–पथलैया व्यापारिक मार्ग के अतिक्रमित संरचना हटावल गईल

वीरगंज २० चईत

त्रिभुवन राजपथ अन्तर्गत वीरगंज–पथलैया सडकखण्ड मे सीमा अतिक्रमण करके बनावल घर, टहरा हटावल गईल बा ।

व्यापारिक मार्ग विस्तार योजना कार्यालय पथलैया सडक क्षेत्र अतिक्रमण करके बनावल ३५ गो घर हटावल गईल बा । संरचना पूर्ण रुप मे ना होके सडक सीमा हडप के बनावल गईल भाग मात्र भसकावल गईल योजना कार्यालय जनवले बा ।

बारा आ पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी सँगे के समन्वय मे जनपथ आ सशस्त्र प्रहरी सहित के टोली सडक अतिक्रमण हटावे खटल रहे ।

सडक अतिक्रमण हटावे के समय मे स्थानीय जनानी आके विरोध जनईला के बाद जनानी सुरक्षाकर्मी टोली भी खटावल गईल रहे ।

एहितरे बारा के परवानीपुर मे १९ गो घर आ जीतपुर मे १६ गो घर भसका के सडक सीमा खाली करावल गईल व्यापारिक मार्ग विस्तार योजना कार्यालय के प्रमुख ईन्जिनियर मनिष कुमार साह जानकारी देहनी ।

‘एकरा से पहिले अतिक्रमण हटईला पर गरिब बानी १० ईन्च छोड दि, पिलर जोगादि कहके काम मे खटल साथीलोग के निहोरा करेके, धम्की देरहल बाडन ।’ कहत उ ‘परवानीपुर मे २ सय मिटर मे ५० मिटर सडक सीमा मेसे ४८ मिटर मात्र कायम ररहे, नाली हि टेढ देखल जात रहे । पश्चिम ओरी सडक सीमा हडपके बनावल गईल १९ गो संरचना हटावल गईल बा ।

परवानीपुर मे पूर्व ओरी भी २ गो संरचना सडक सीमा हडपके बनावल सिकाईत आईल बतावत उ नापके ह–ना ह एकिन करके हटावेके जानकारी देहनी ।

चईत १ गते हि कार्यालय पथलैया–जीतपुर–परवानीपुर–गण्डक सडक आ परवानीपुर ड्राईपोर्ट–आईसीपी सडकखण्ड के केन्द्रबिन्दु से २५–२५ मिटर भितर परेवाला सभी सरकारी नीजि घर टहरा, देवाल आदी भसकावे खातिर १५ दिने सूचना जारी कईले रहे ।

खुदे हटाके विकास निर्माण काम मे सहजोग करे खातिर निहोरा कईल रहे । अटेर कईला पर सडक सीमा अतिक्रमण करेवाला उपर सार्वजनिक सडक ऐन २०३१ के दफा १९ के (१), (२) आ (३) बमोजिम कारबाही करेके चेतावनी भी सूचना मे देहल गईल रहे ।

चईत १५ गते तक सडक सीमा भितर के संरचना हटाके ना लेगईला मे संरचना भसकावे मे बाध्य होखेके आ क्षति के जिम्मेवार सम्बन्धित पक्ष हि होखेके सूचना मे उल्लेख रहे । जीतपुर मे आयोजना कार्यालय सूचना के म्याद ओरईलाल के बिहान भईला चईत १६ गते से हि अतिक्रमण हटावल सुरु कईले रहे ।

१७ गो मेसे १६ गो घर भसकावल गईल आयोजना कार्यालय के प्रमुख ईन्जिनियर साह बतवनी । ‘बाँकी रहल एगो घर भसकावे खातिर आजु मेसिन पठावल गईल रहे, सूचना के बारे मे जानकारी ना रहे कहत सुरु मे स्थल मे खटल कर्मचारी के धम्की देहलन ।’ कहत उ ‘सुरक्षाकर्मी के टोली आ मेसिन सहित गईला के बाद खुदे भसकाएमे कहके लिखित रुप मे ४ दिन के समय मँगले बाडन । अब भी सडक सीमा खाली ना कईला पर डोजर चलावल जाई ।’

जीतपुर मे भी एकरा से पहिले हि सडक अतिक्रमण करके बनावल संरचना हटावल गईला पर भी कैयन आदमी नाला मे सटाके घर बनवले रहलन । व्यापारिक मार्ग अन्र्तगत हि ड्राईपोर्ट क्षेत्र मे भी ३ गो घर सडक सीमा अतिक्रमण करके बनावल गईल बा । ओकरा के भी जलदी हटावे के योजन कार्यालय जनवले बा ।

सडक सीमा अतिक्रमण करके बनावल संरचना हटईला के बाद पथलैया क्षेत्र के फुटपाथ खाली करेके योजना कार्यालय के प्रमुख ईन्जिनियर साह बतवनी । दु बरीस मे निर्माण पुरा करेवाला किसिम से ०७२–०७३ साल मे ठेक्का लागल वीरगंज पथलैया व्यापारिक मार्ग ६ बरीस बितला पर भी काम ओराईल नईखे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।