जनता के अराष्ट्रवादी कहेवाला नेता खुदे अराष्ट्रवाद हउवन : गृहमन्त्री खाँड

प्रभु यादव

बारा २१ चईत

अराष्ट्रवादी जनता के कहेवाला नेता आपने अराष्ट्रवाद हउवन गृहमन्त्री बालकृष्ण खाड् जानकारी करावले बानी । सिम्रौनगढ के झरोखर पोखरा पर जनता के राणा के जहानिया शासन के अन्त्य करेवाला योद्धा स्वर्गीय भागवत यादव के प्रतिमा आवरण करत गृहमन्त्री खाँड अईसन बतावले बानी ।

नागरिकता जनता के मिलेके परल संघिय कानुन ओझेल भईला से सहज से ना मिलल गृहमन्त्री जनकारी करावले बानी । संघिय कानुन बनावेला संसद ना चलला से बनेनासकल जवना से नागरिकता लेवेला जनता के कठिनाई होरहल गृहमन्त्री खाँड बतावले बानी ।

स्थानिय तह मे नागरिकता बनावेला संघिय कानुन बनला पर टोली पेठवा के सहजता से जनता के देवेला सरकार प्रयास कररहल गृहमन्त्री जनकारी करावले बानी । धर्म संस्कृति संम्पदा से भरीपूर्ण रहल बा बारा जिल्ला गृहमन्त्री खाड् जनकारी करावले बानी ।

स्वर्गीय भागवत यादव स्मृती प्रतिस्ठान से संघर्ष कर के प्रजातान्त्रिक जनता के शासन चलावेला युवा लोग के प्रेरणा मिलेके खाँड बतवले बानी । नेपाल के उतरी भेग के आदिवासी जनजाति आ दखिन मे मधेशी जनता देश के सिमाना के रक्षा करत आईल बा जवन लोग के सम्वृद्धी होई त देश सम्बृद्धी होई खाँड जनकारी करावले बानी ।

नेपाली काग्रेस के केन्द्रीय सहमहामन्त्री एव पूर्व मन्त्री फरमुल्लाह मंसुर नेता गणेशमान सिंह नखु जेल से भगला के वाद बारा के सिम्रौनगढ से राजनिती सुरू कईल जनकारी करावले बानी । स्वर्गीय भागवत यादव के सहजोग से आपना सहित १५ जने रक्सौल मे नेपाली काँग्रेस के सदस्यता लेहले रहनी कहके मंसुर जनकारी करावले रहनी ।

नेपाली काँग्रेस के केन्द्रीय सह महामन्त्री एवं संघिय खानेपानी मन्त्री उमाकान्त चौधरी सिम्रौनगढ धर्म संसकृती आ ईतिहास पुरान रहल जवना के विश्व सम्पदा शुची मे राखेला सरोकारवाला से निहोरा कईले रहनी । बारा जिल्ला मे उतरी भेग मे वामपन्थी आ दखिन मे नेपाली काग्रेस के बर्चस्व रहल रहे भागवत यादव के सहयोग से काग्रेस के जनप्रतिनिधि जितल रहल चौधरी जनकारी करावले बानी ।

सिम्रौनगढ नगरपालिका के मेयर विजयशकर यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे महेन्द्र यादव, मधेश प्रदेश के नेपाली काँग्रेस के अध्यक्ष कृष्ण यादव, बारा अध्यक्ष एवं कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव, सचिव भैयाराम यादव लगायत नेता कार्यकर्ता सब के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।