एल.एस. न्युरो एन्ड जेनरल हस्पिटल प्रालिद्धारा खुनदान कार्जक्रम

वीरगंज १० बैशाख
बारा के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ मे नबनिर्मित एल.एस. न्युरो एन्ड जेनरल हस्पिटल प्रालि आजु आपन नयाँ भवन मे खुल्ला खुनदान कार्जक्रम के आयोजना कईले बा ।
कार्जक्रम मे ३ जने जनानी सहित ४४ जने खुनदान कईले बाडन । कार्जक्रम के उदघाटन एल.एस. न्युरो एन्ड जेनरल हस्पिटल के अध्यक्ष वरिष्ठ न्युरो सर्जन डाक्टर श्याम बाबू प्रसाद खुनदान करके उदघान कईले रहनी ।
खुनदान कार्जक्रम मे रक्त सञ्चार केन्द्र बीरगंज के प्राबिधिक राजन श्रीवास्तव, मनिस गुप्ता, जितेन्द्र महतो, राजेन्द्र भट्टराई लगायत सहजोग कईले रहलन । खुनदान करेवाला मे डा.अर्जुन पटेल, सुनिल पटेल, बिरेन्द्र साह, सन्तोष पटेल, बिषणु रिजाल, ईन्द्र प्रसाद साह, दिपक प्रसाद कुर्मी, अरबिन्द कुमार, सन्जय कुर्मी, रिना कुमारी, सुनिल गुप्ता, हिर्देनरायण साह लगायत ४४ जने खुनदान कईले रहलन ।
अस्पताल के वरिष्ठ न्युरो सर्जन डाक्टर श्यामबाबु प्रसाद काठमाण्डु स्थित उपेन्द्र देवकोटा मेमोरियल होस्पिटल मे बितल ८ बरीस तक सेवा देहले रहनी । डा. उपेन्द्र देवकोटा के बिश्वास के पात्र मानल डा.श्याम बाबु प्रसाद न्युरो सर्जन मे आपन अलग पहिचान स्थापित कईले रहलन ।
काठमाण्डु के बाद वीरगंज के नेशनल मेडिकल कलेज ओकरा बाद पानीटंकी मे रहल सर्बोतम अस्पताल लिज मे लेके खुदे अस्पताल के सेवा सुबिधासब देत आईल रहनी । बितल ५ बरीस से सर्बोतम के भबन मे हस्पिटल संचालन करत आईल डा. प्रसाद अब बारा के कलैया बीरगंज सडक खन्ड अन्तरगत ऋषभ आयल लगे नव निर्मित भवन मे बैशाख १६ आ १७ गते निःशुल्क स्वास्थ शिविर कार्जक्रम के आयोजना कईले बा ।
आवेवाला दिन मे मधेस प्रदेश मे स्वास्थ क्षेत्र मे एगो अलगे पहिचान बनावेके आ मरेजीलोग के खातिर सस्ता आ भरपर्दो सुबिधा सम्पन्न सेवा उपलब्ध करावे के अस्पताल के मेनैजिङ्ग डाईरेक्टर रामप्रबेश प्रसाद कुर्मी बतवनी ।





