विन्दवासिनी गा.पा.के अध्यक्ष मे दलबल के साथ नेपाली काँग्रेस से चौरसिया करवलें उम्मेदवारी दर्ता

वीरगंज १२ बैशाख

पर्सा जिल्ला के बिन्दवासिनी गाँवपालिका के अध्यक्ष मे नेपाली कांग्रेस के ओरी से बिवेक चौरसिया लगायत के टिम मनोनयन दर्ता करवले बा ।

नेपाली कांग्रेस बिन्दबासिनी गाँवपालिका पर्सा के सभापति भी रहल चौरसिया गाँवपालिका अध्यक्ष के खातिर गाँवपालिका कार्यालय मे स्थापित निर्वाचन अधिकृत के कार्यालय मे पुग के मनोनयन दर्ता करवले बानी ।

ब्यानर एवम् गाछि चिन्ह सहित हजारो नेता तथा कार्यकर्तालोग चौरसिया के मनोनयन दर्ता करावे खातिर दल बल के साथ पुगल रहलन ।

ढोल बाजा सहित मनोनयन दर्ता करावे पुगल चौरसिया जनता के उत्साहजनक उपस्थिती से खुद भी उत्साहित भईल प्रतिक्रिया देहनी ।

जनता से मिलल साथ, समर्थन आ माया हरदम के खातिर निरन्तरता मिलेके आ आवेवाला दिन मे अभी भी जनलहर बढेके अध्यक्ष के उम्मेदवार चौरसिया के विश्वास बा ।

नेपाली कांग्रेस से गाँवपालिका अध्यक्ष बिवेक चौरसिया सँगे उपाध्यक्ष मे किरण गुप्ता, वार्ड नं. १ के अध्यक्ष मे सत्येन्द्र नारायण ओझा, वार्ड नं. २ के अध्यक्ष पद मे मुक्तिनाथ प्रसाद कुर्मी, वार्ड नं. ३ के अध्यक्ष पद मे जय प्रकाश चौरसिया, वार्ड नं. ४ के अध्यक्ष पद मे अनोज कुमार चौरसिया, वार्ड नं. ५ के अध्यक्ष पद मे सुकदेव राउत अहिर, वार्ड सदस्य सहित मनोनयन दर्ता करवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।