भव्य रुपमे जिराभवानी के १० वाँ गाँवसभा पुरा, रु ३६ करोड ३९ लाख बराबर के बजेट प्रस्तुत

वीरगंज १५ असाढ
पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका के १० वाँ गाँवसभा आजु पुरा भईल बा । गाँवपालिका अध्यक्ष अनोज चौधरी के अध्यक्षता मे भईल गाँवसभा मे आवेवाला आर्थिक बरीस २०७९÷०८० के रु ३६ करोड ३९ लाख २२ हजार बराबर के निति, कार्जक्रम तथा बजेट प्रस्तुत कईल गईल बा ।
गाँवपालिका के उपाध्यक्ष रेखा चौधरी व्यय ओरीः कुल विनियोजन मेसे गाँवपालिका के चालु खर्च रु. ८ करोड ७० लाख ८५ हजार, पूँजीगत खर्च ११ करोड ५७ लाख ३७ हजार, सशर्त ओरी के चालु खर्च रु. ११ करोड २९ लाख आ सशर्त पुँजिगत ओरी ४ करोड ८२ लाख विनियोजन कईल बतवनी ।
उ आय ओरी आवेवाला आर्थिक बरीस २०७९÷०८० के खातिर अनुमान कईल खर्च श्रोत व्यवस्थापन करे खातिर संघिय तथा प्रदेश सरकार के वितिय समानिकरण अनुदान से ११ करोड ३० लाख ३४ हजार, सशर्त ओरी संघिय तथा प्रदेश अनुदान रु. १३ करोड ११ लाख, संघिय तथा प्रदेश के समपुरक तथा विशेष अनुदान रु.३ करोड, संघिय तथा प्रदेश सरकार के राजश्व बाँडफाँड से ८ करोड ८५ हजार मात्र आ नपुग होखेवाला रकम रु. १ करोड आन्तरीक श्रोत से आय होखेके अनुमान कईल बतवनी ।
गाँवपालिका अध्यक्ष अनुज चौधरी नीति तथा कार्जक्रम जनमुखी बनावेके प्रतिबद्धता जनवनी । उ गाँवपालिका के नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत करत शिक्षा, स्वास्थ्य आ कृषि के प्राथमिकता देहल बतवनी ।
उ १ वार्ड नं. १ एम्बुलेन्स के ब्यवस्था करेके तथा हरेक वार्ड मे बर्थीङ्ग सेन्टर स्थापना करेके आ सुत्केरी करावे खातिर निःशुल्क एम्बुलेन्स सेवा उपलब्ध करावेके बतवनी ।
प्रस्तुत बजेट मे गाँवपालिका के आपन प्रशासकीय भवन निर्माण काम के खातिर रु.३ करोड, वार्ड स्तरीय योजना सञ्चालन तथा कार्यान्वयन के खातिर रु.२ करोड, गाँवपालिका स्तरीय योजना सञ्चालन तथा कार्यान्वयन के खातिर रु.२ करोड २५ लाख, गाँवपालिका भर रहल विद्यालयसब के शैक्षिक गुणस्तर सुधार, पुर्वाधार निर्माण, शैक्षिक समान खरिद अनुदान के खातिर रु १ करोड विनियोजन कईल बा ।
एहितरे कृषि विकास कार्जक्रम के खातिर रु. १ करोड, जनानी, अपाङ्ग, लईकालइकी, ज्येष्ठ नागरिक, पिछडल क्षेत्र, दलित, माहादलित, मुस्लिम समुदाय लगायत के जिवनस्तर उकासे खातिर लक्षित वर्ग कार्जक्रम सञ्चालन करे खातिर रु. ८० लाख विनियोजन कईल बा ।
प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्राण मेहता गाँवपालिका से लेहल समृद्ध गाँवपालिका के लक्ष्य पूरा करे खातिर कर्मचारी आ जनप्रतिनिधि बिच के समन्वय जरुरी रहल बतवनी ।
उ किसानलोग के खातिर निशुल्क बिधुति मिटर जडान करके बार्षिक १०० यूनिट बिधुत निशुल्क प्रदान करेके आ भाषा, धर्म सँस्कृती तथा थारु कला संरक्षण एवम् सम्बद्र्धन के खातिर भी जरुरी बजेट विनियोजन कईल बतवनी ।
गाँव सभा के उदघाटन प्रदेश सभा सदस्य शंकर चौधरी कईले रहनी । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी भी रहल प्रदेश सभा सदस्य चौधरी चुनाव जितला के बाद जनप्रतिनिधि सभी जनता के प्रतिनिधि भईल बतवनी । उ गाँवपालिका से लेहलल लक्ष्य पूरा करे खातिर आ बजेट फ्रिज होखे ना देवेवाला किसिम से काम करे खातिर भी जनप्रतिनिधि आ कर्मचारीलोग के निहोरा कईनी ।
वार्ड नं. ३ स्थित जितपुर मे रहल बरात भवन मे भईल गाँव सभा मे वार्ड अध्यक्षलोग रामशरण ख्वास थारु, महादेव महतो थारु, सुरुज राय थारू, राजेश्वर महतो थारु, दारा सिंह, लेखा शखा प्रमुख मुकेश मिश्र, गाँव सभा सदस्य, कर्मचारी लगायत के सहभागिता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन कार्यपालिका सदस्य सरोज चौरसिया कईले रहनी ।




