मिटरब्याज सम्बन्धी कानुन पारित भईला मे जनकपुर मे खुसियाली

जनकपुरधाम ०१ सावन
मिटरब्याज के अनुचित लेनदेन मानेवाला विधेयक प्रतिनिधिसभा से पारित भईल खुसी मे मिटरब्याज पीडित जनकपुर मे जुलुस निकलले बाडन ।
मिटरब्याज पीडित संघर्ष समिति के आयोजना मे धनुषा, महोत्तरी आ सिरहा के पीडितलोग जुलुस निकलले बाडन । सरकार से बनावल कानुन कार्यान्वयन करे खातिर उलोग माग भी कईले बाडन ।
जनकपुर के बाह्रविघा मैदान से सयो पीडित के संख्या मे निकलल जुलुस रामानन्दचौक, पीडारीचौक, थापाचौक, मधेश भवन एरिया, मिल्स एरिया, भानुचोक, शिवचौक होत जनकचोक मे कोणसभा मे परिणत भईल रहे ।
संघर्ष समिति के मधेश प्रदेश संयोजक मनोज पासवान सदन से मिटरब्याजविरुद्ध सम्बन्धी विधेयक पास भईल मिटरब्याज पीडित के बडका सफलता भईल बतवनी ।
मिटरब्याज पीडित के माग सम्बोधन करे खातिर सरकार से कईल प्रयास सराहनीय रहल उनकर कहनाम बा । अभी भी बहुते मिटरब्याज पीडित न्याय के ईन्तजार मे रहल आ मिटरब्याजीालोग अन्याय कर रहला से उलोग के कारबाही दायरा मे लियावेके माग कईनी ।
एतवार के दिने बईठल प्रतिनिधिसभा के बईठक से मुलुकी संहिता सम्बन्धी कुछ नेपाल ऐन के संशोधन विधेयक–२०८० संशोधन सहित पास कईले बा । जउना मे मिटरब्याज के अनुचित लेनदेन मानत कारबाही करेके व्यवस्था कईल बा ।






