वीरगंज आदर्शनगर के कर्पोरेट बैंक भवन मे भी डोजर चलल

वीरगंज ०३ सावन
वीरगंज के मुख्य नाला अतिक्रमण करके सञ्चालन मे रहल कर्पाेरेट डेभ्लोप्मेन्ट बैंक भवन हटावे खातिर डोजर लगावल गईल बा ।
वीरगंज के मूख्य नाला अतिक्रमण करके सञ्चालन मे रहल क्लासिक होटल के भवन मंगर से हटावल सुरु कईला मे आजु कर्पोरेट बैंक रहल भवन भी हटावल सुरु कईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका मुख्य नाला उपर बनल दुनु संरचना हटावे खातिर बुध के दिने ५ गो डोजर चलावल गईल बा । मुलुकी देवानी संहिता २०७४ के दफा ३०० के उपदफा १ के (क) बमोजिम परापूर्वकाल से रहल घर जग्गा, ढल भा रास्ता सार्वजनिक सम्पत्ति मानेके व्यवस्था बमोजिम मुख्य नाला उपर बनल संरचना हटावे खातिर डोजर लगावल गईल महानगरपालिका जनवले बा ।
बेर बेर सूचना देहला पर भी अटेरी कईला के बाद बाध्य होके महानगर डोजर चलावल महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह बतवनी । महानगर अभी मुख्य नाला सफाई मे तेजी देहले बा । ४० फिट चौडाई के मुख्य नाला उपर बनल संरचना के चलते वर्षात के पानी बहे ना सकला से सहर हि डुबान मे परके नगरवासी के तथा महानगर के जनधन के नोक्सानी हो रहला से अवैध रुप मे बनल उ सभी संरचना हटावे खातिर महानगर अभियान हि चलावल मेयर सिंह बतवनी । महानगर एकरा से पहिले मुख्य नाला मे परेवाला करिब एक दर्जन संरचनासब भसकवले बा ।
अवैध संरचना खाली करावे खातिर महानगर से गठित सार्वजनिक संरचना अतिक्रमण नियन्त्रण समिति के संयोजक एवं वार्ड नम्बर ५ के वार्ड अध्यक्ष प्रदीप चौरसिया के नेतृत्व मे टोली खटत आईल बा ।






