पचरौता नगरपालिका के वार्ड कार्यालय मे तालाबन्दी करेके जनप्रतिनिधि के चेतावनी

प्रभु यादव
बारा ०४ सावन
बारा के कलैया मे पत्रकार समेलन कर के पचरौता नगरपालिका के वार्ड कार्यालय मे शुक के दिन से तालाबन्दी करे के जनप्रतिनिधि लोग जनकारी करावले बाडन ।
सब से छोट नगरपालीका पचरौता मे मेयर जलन्धर सिंह जैसवार प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत महेश कुमार मिश्र पालिका के रकम अनियमितता आ दुरूपयोग कर रहल आरोप लगावत वार्ड कार्यालय सब मे तालाबन्दी करे के वार्ड अध्यक्ष प्रेमनारायण चौधरी प्रेस विज्ञाप्ती पढत बतावले बानी ।
आर्थिक बरीस २०८०÷०८१ के बजेट विनियोजन करेला जनप्रतिनिधि सब के जनकारी ना कराके चोरी करके विरंगज मे कईल नगर परिषद बदर कर के फेनु सभे जनप्रतिनिधि के सुचना कर के करेके माग विज्ञाप्ती मार्फत जनकारी करावले बा ।
८ बुन्दा मे स्वास्थ्य सेवा मे पहिले रहल कर्मचारी सब के हटा के नयाँ पईसा लेके भर्ना कईल जवना से बर्थिङ्ग सेन्टर ल्याव सेन्टर सञ्चालन ना होखेसकल आरोप रहल बा ।
वार्ड कार्यालय मे घटना दर्ता, समाजिक सुरक्षा भता के कामकाज सञ्चालन करेला कम्पयुटर अपरेटर भर्ना कईल बा माकिर पालिका मेसेही कामकाज होरहला से जनता सब दुःख उठारहल बा, सघिय सरकार से आईल विकास के रकम से करिब ३ सय जने कर्मचारी भर्ना कर के दुरूपयोग कर रहल सिकायत जनप्रतिनिधि लोग पत्रकार सब से कईले बानी ।
नगर सभा से पारित कराके योजना सब पारित कर के कार्य करे के नियम के उलंघन करत शिक्षा सहायक मुकेश कुमार सिंह, लेखापाल हासिम मियाँ वीरगज मे कागज मिलावेके काम कर रहल जवन राज्य के कानुन विपरीत भईल विज्ञाप्ती मार्फत जनकारी करावले बानी । आर्थिक बरिस २०७९÷०८० के बजेट काम ना करके कागज मे मिलान कर के अनियमितता कईल आरोप लगावत सर्वजनिक करे के माग जनप्रतिनिधि लोग के रहल बा ।
आपन नजिक के जनप्रतिनिधि सब के अनावश्यक भात्ता देहले बा माकिर बोर्ड मे रहल आउर लोग के कवनो किसिम के रकम उपलब्ध ना कराव अनियमित्ता कार्य मेयर जैसवार आ प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत कर रहल जनप्रतिनिधि लोग के कहनाम रहल बा । पालिका के योजना सब नगर सभा कर के विषयगत समिति मे छलफल कर के नगर सभा मे पारित करा के काम करेके विज्ञाप्त मे माग कईल गईल बा ।
पचरौता नगरपालिका के जनप्रतिनिधि वार्ड अध्यक्ष मनोज कुमार यादव, कन्हैयालाल यादव, मकबुल मिया अंसारी, प्रेमनारायण चौधरी, वार्ड सदस्य पन्नालाल यादव आ अखिलेस प्रसाद यादव के हस्ताक्षर कईल प्रेस विज्ञाप्ती पत्रकार समेलन कर के जनकारी कराईला वाद सरोकार भईल मन्त्रालय आ कार्यालय सब मे बोधार्थ कईले बाडन ।






