पुलीस ज्यादती विरुद्ध कलैया मे कांग्रेस आ नेकपा एसद्धारा विरोध प्रर्दशन

प्रभु यादव
बारा ०४ सावन
नेपाली काँग्रेस बारा के जिल्ला सचिव भैयाराम यादव के जिल्ला प्रहरी कार्यालय भितर पिटपाट करके घायल बनावेके काम मे संलग्न पुलीस अधिकृतलोग के निलम्बन के माग करत कांग्रेस आ नेकपा एकिकृत समाजवादी के नेता कार्यकर्तालोग कलैया मे बिरोध प्रदर्शन कईले बा ।
कांग्रेस जिल्ला सचिव यादव के पुलीस कार्यालय भितर पिटपाट करके घायल बनावल बारा के प्रहरी नायब उपरीक्षक पुरुषोत्तम पाण्डे आ प्रहरी निरीक्षक रुपेश साह के निलम्बन के माग करत उलोग विरोध प्रदर्शन कईले बाड ।
बियफे के दिने कांग्रेस पार्टी कार्यालय से काँग्रेस बारा के सचिव राजेश रौनियार आ महागढीमाई नगरपालिका के मेयर उपेन्द्र यादव के नेतृत्व मे निकलल बिरोध जुलुस पाण्डे आ साह के निलम्बन के माग करत कलैया नगर के परिक्रमा करके जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय अगाडि पुगके नाराबाजी भी कईले रहलन ।
सवारी दुर्घटना मे घायल भईललोग के ईलाज खर्च दिलावे खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे बितल मंगर के दिने भईल छलफल मे काँग्रेस बारा के सचिव यादव के प्रहरी नायब उपरीक्षक पाण्डे के निर्देशना मे प्रहरी निरीक्षक साह लगायत के पुलीसलोग पिटके घायल बनवले रहलन । घायल यादव के वीरगंज के स्पर्स अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।
जिल्ला मे छलफल चल रहल समय प्रहरी निरीक्षक रुपेश साह सभी नेतालोग दलाल रहल लगायत के अनेकन गारी देहला के बाद ओकर प्रतिवाद करेके खोजला पर सचिव यादव लगायत छलफल मे सहभागीलोग के पिटके भगावल प्रहरी नायब उपरीक्षक पाण्डे के निर्देशन मे प्रहरी निरीक्षक साह पिटपाट कईले रहलन । सचिव यादव के पिटेवाला प्रहरी नायब उपरीक्षक पाण्डे आ प्रहरी निरीक्षक साह के निलम्बन करके कारबाही ना करे तक काँग्रेस बारा आन्दोलन जारी राखेके कांग्रेस के जिल्ला सचिव रौनियार बतवनी ।
बारा के प्रहरी उपरीक्षक होबिन्द्र बोगटी प्रहरी कार्यालय भितर काँग्रेस सचिव भैयाराम यादव के पिटके घायल बनावल घटना के बारे मे आन्तरिक छानबिन भी सुरु कईल बतवनी । छानबिन मे पुलीस के पिटाई से काँग्रेस सचिव यादव घायल भईल मिलला पर दोषी पुलीस के कारबाही करेके बोगटी बतवनी ।






