कहाँ बा अख्तियार ? कहाँ बा सम्पति शुद्धिकरण विभाग ?, करोडो करोड के सम्पत्ति कईसे किनलें लेखा अधिकृत उपेन्द्र यादव ?

वीरगंज ०६ सावन

यातायात व्यवस्था कार्यालय सवारी शाखा मे कार्यारत्त लेखा अधिकृत उपेन्द्र यादव आपन नोकरी के कमे समय मे करोडो करोड के सम्पत्ति आर्जन कईला पर भी अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग आ सम्पत्ति शुद्धिकरण विभाग के ध्यान ना गईला से सचेत नागरिकलोग आश्चर्य मे परल बाडन ।

रौतहट जिल्ला निवासी अधिकृत यादव पर्सा जिल्ला के पर्सागढी नगरपालिका मे कार्यरत्त रहला पर भ्रष्टाचार करत कुछ खेतिहर जमिन आ आलिशान महल बनावेमे सफल भईलें । उ पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. ३ बढनिहार मे जमिन किन के बनावल घर के तस्विर मे पलास्टर ना भईला पर भी बितल कुछ महिना पहिले पलास्टर भी करा चुकल बाडन ।

दोसर घर उ वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १५ भिस्वा मे बनावेमे सफल भईल बाडन । भ्रष्ट अधिकृत यादव छोट समय मे दु गो घर, ग्रामीण भेग मे खेतिहर जमिन आ वीरगंज के दु÷तीन जगहा मे घडेरीसब आपन विश्वासपात्र आफ्न्तलोग के नाम मे किनल उनकर निकटवर्तीलोग बतवले बाडन ।

अभी उ सवारी शाखा के लेखा शाखा मे लुटतन्त्र मचावत आपन सहायकलोग मार्फत सेवाग्रहीलोग से नगदी रसिद काटेके नाम मे रु. ५०÷१०० असुली करे करावेके काम कईल भुक्तभोगीलोग बतवले बाडन । उ कार्यालय मे जाएवाला सेवाग्रहीलोग बैंक मे राजस्व जम्मा करके लेखा शाखा मे नगदी रसिद कटावे गईला पर बाध्यतावस बैंक के ओसी भौचर मे रोपेया लपेटके देहला के बादे सहायकलोग नगदी रसिद काट रहल बतावल गईल बा । लेखा शाखा मे कार्यरत्त कर्मचारीलोग कुछ करार मे रहल बाडन त कुछ बेतल्बी रहल बाडन । एतने मत्र ना, नयां सवारी दर्ता, नामसारी आ बिमा बिना के सवारी नविकरण लगायत के कामसब मे लेखा शाखा के छोटा सवारी शाखा, बडका सवारी शाखा लगायत सवारी धनीलोग के कहके तोकल रोपेया दिला रहल सेवाग्रहीलोग बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।