पार्टी के योद्धालोग के स्व. बिपी कोइराला के मुल्य मान्यता आ सिद्धान्त मे चलल जरुरी : मन्त्री रिजाल

पोखरिया ०७ सावन
नेपाली कांग्रेस के संस्थापक नेता स्व. बिपी कोइराला के ४१ वाँ स्मृति दिवस के अवसर मे आजु नेपाली कांग्रेस धोबिनी गाँवपालिका लंगडी मे श्रद्धाञ्जली सभा तथा भेटघाट कार्जक्रम कईले बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि उधोग बाणिज्य तथा आपुर्ती मन्त्री रमेश रिजाल बिपी कोईराला के फोटो मे फुलमाला अबिर आर्पण करत श्रद्धेय बिपी जी के मुल्य मान्यता आ सिद्धान्त मे नेपाली काँग्रेस के योद्धालोग के चले खातिर निहोरा कईनी ।
“हम जनता के सेवक हई, जनतालोग के सेवक के रुप मे हरदम काम करके अगाडि बढेके बतावत मन्त्री रिजाल नेपाली काँग्रेस के गाछि के निचे रहल योद्धालोग जनता के घरदुवरी मे जाके जनता के सेवक बनके दुःख शुख मे साथ देवे खातिर निहोरा कईनी ।
नेपाली कांग्रेस के सिद्धान्त बिपरित काम करेवाला नेता, जनप्रतिनिधिलोग पार्टी छोडके घर मे रहे खातिर निर्देशन देत जनतालोग के साथ दुःख सुख मे कान्ध मे कान्ध मिलाके चले खातिर तइयार रहललोग के हमर जरुरी परला पर मोबाइल मे फुन करके समस्या बुझे खातिर तइयार रहेम ।
विकास के सन्दर्भ मे ई आर्थिक बरीस मे मन्त्री रिजाल ई क्षेत्र के खातिर संघिय, प्रदेश करके डेढ अरब के बिकास बजेट ठोरि से भिस्वा तक के खातिर लिआईल बतावत शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि, पुल, झुलुङ्गे पुल, धर्मसाला, सडक, खानेपानी, सिचाई लगायत योजना रहल बा ।
नेपाली काँग्रेस धोबिनी गाँवपालिका के सभापति इसरायल देवान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस के प्रदेश सदस्य बृहस्पती कृष्ण श्रेष्ठ, बशिष्ठनारायण कुर्मी, जिल्ला सचिव रमेश पाण्डे, नेता किशोरी साह कानु, गादिमाई बन ब्यवस्थापन समिति अध्यक्ष सहरुम गदी, जिल्ला कोषाध्यक्ष प्रेम थापा, क्षेत्रीय सभापति एव जगरनाथपुर गाँवपालिका अध्यक्ष श्रीकान्त यादव, क्षेत्रीय सचिव बलिस्टर मियाँ, पुर्व गाबिस अध्यक्ष झकड मियाँ, वार्ड अध्यक्ष अबास मियाँ, राजकिसोर पटेल, श्यामकिसोर पटेल, बासुदेव तिवारी, जितेन्द्र बर्मा लगायत नेता कार्यकर्तालोग के सहभागी रहल रहे ।






