मापदण्डविपरीत सामान बिक्री, ७६ व्यावसायिक फार्म कारबाही मे

वीरगंज ०८ सावन

वाणिज्य, आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय पर्सा आर्थिक बरीस २०७९÷०८० मे तोकल मापदण्डविपरीत सामान बिक्री करेके आ अनुमति ना लेहल ७६ व्यावसायिक फार्म उपर कारबाही कईले बा ।

आव २०७९÷०८० मे पाँच सय २७ व्यावसायिक फार्म के अनुगमन करेके समय मे म्याद गुजरल सामान बिक्री करेके, मूल्यसूची ना राखेवाला, खरिद बिल ना काटेके आ इजाजत ना लेहल ७६ व्यावसायिक फार्म उपर कारबाही कईल उ कार्यालय जनवले बा ।

उ कार्यालय के सूचना अधिकारी दिलीप खङ्गखत्बे के मुताविक आव २०७९÷८० मे पर्सा के ४१, बारा आ सिरहा के १०÷१०, मकवानपुर के पाँच, सर्लाही के चार, सप्तरी आ चितवन के तीन÷तीन व्यावसायिक फार्म उपर कारबाही कईल बा ।

व्यावसायिक फर्म उपर कईल कारवाही से रु १७ लाख ८६ हजार राजस्व सङ्कलन भईल उ जानकारी देहनी । अनुगमन के समय मे अनेकन व्यावसायिक फर्म से म्याद बितल बियर, रेडबुल, स्प्राइट, कोक, भुजा, चिउरा, मह, दालमोठ, पापड, बेसन लगायत के रु ६४ लाख १८ हजार ९ सय ६७ मूल्य बराबर के सामान नष्ट कईल सूचना उ बतवनी ।

एहितरे उहे आव मे प्राइभेट आ साझेदारी फार्म करके एक हजार तीन सय ४७ व्यावसायिक फार्म दर्ता भईल जनावल गईल बा । सूचना अधिकारी खङ्ग के मुताविक उ समय मे प्राइभेट फार्म एक हजार तीन सय २३, साझेदारी फार्म २४ दर्ता भईल बा । एहितरे ११ कम्पनी दर्ता भईल जनावल गईल बा । उ समय मे दु हजार एक सय ३२ प्राइभेट फार्म आ ६७ साझेदार फार्म के नवीकरण कईल आ एक हजार तीन प्राइभेट तथा २१ साझेदार फर्म संशोधन कईल सूचना अधिकारी खङ्ग बतवनी ।

एहितरे उ समय मे तीन सय ३४ प्राइभेट आ ११ साझेदार फर्म के दर्ता खारेज कईल उ जानकारी देहनी । उ सभी शीर्षक से रु एक करोड १० लाख ६९ हजार दु सय ४० राजस्व सङ्कलन भईल सूचना अधिकारी खङ्ग जानकारी देहनी ।

म्याद बिल सामान बिक्री करेवाला, खरिद आ बिक्री बिल ना काटेवाला तथा मूल्यसूची ना राखेके प्रवृत्ति बढला से बजार अनुगमन के निरन्तता देहल गईल कार्यालय प्रमुख सुरेशकुमार रेग्मी जानकारी देहनी ।

वाणिज्य, आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय मधेस प्रदेश के आठ आ बागमती प्रदेश के मकवानपुर तथा चितवन जिल्ला के व्यावसायिक फार्म के अनुमति देवेके, नवीकरण करेके आ बजार अनुगमन करेके काम करत आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।