सबैठवा से चरेस सहित मुडली के पासवान पकडईलें

पोखरिया ०८ सावन
पर्सा के ग्रामीण भेग से सशस्त्र पुलीस लागु औषध चरेस सहित एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ मुडली घर भईल ४४ बरीस के प्रेम पासवान रहल बाडन ।
पासवान के ५ किलो ७ सय ग्राम चरेस सहित पकडल गईल पुलीस जनवले बा । पुलीस के मुताविक साह ना ३० प ४४४३ नम्बर के मोटरसाइकल मे सवार होके नेपाल से भारत ओरी जा रहल अवस्था मे सशस्त्र प्रहरी बल बिओपी सबैठवा के डिएसपी केसवराज ओली के कमाण्ड मे खटल टोली पकाहाँमैनपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ सबैठवा मे रोकके चेकजाँच करईला पर उनकर साथ से चरेस बरामद भईल बा ।
चरेससहित पकडाईल पासवान आ उ सवार मोटरसाइकल के जरुरी कारबाही के खातिर ईलाका प्रहरी कार्यालय मे बुझावल गईल सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल के सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक (एसपी) सुमन थपलिया बतवनी ।






