धन धनही के नाम कनही के , प्रचार मोहमे लगलन प्रदेश वन मन्त्री कुर्मी

बीरगंज, १२ सावन
आर्थिक नगर बीरगंज आ आसपडोस के क्षेत्रमे खाए वाला पानीके हाहाकार भइल बा। २ महिना से इ क्षेत्रके अधिक चापाकल सुक गइल बा । बीरगंज महानगरपालिका आ अनेक संघ संस्था के ओर से हरेक वाड मे पानी बटा रहल बा ।
महानगरके ही पर्सा के प्रदेश निर्वाचन क्षेत्र नं. २ (ख) से निर्वाचनमे जीतल रमेश प्रसाद कुर्मी अभीन मधेस प्रदेशके वन आ वातावरण मन्त्री बानी । अपन निर्वाचन के क्षेत्र मे कुर्मी बिअफेसे पानी टंकी से पानी बाटत बाडन ।
एहिसन हाहाकार के समय मे भी मन्त्री के प्रचार मोह हटल नइखे । डिभिजन वन कार्यालय सिमरा के टंकी के पिछे मन्त्री के बडका फोटो वाला बैनर राखके निर्वाचन क्षेत्र मे पानी बाटाइल बा ।
उ फोटो अभि समाजिक सन्जाल मे उजागर भइल बा । अधिकांश लोग मन्त्रीके प्रचार मोहके विरोध कइले बा । मन्त्री कुर्मी काग्रेस के सघे मिलके चुनाव लडल रहे । 
मन्त्री कुर्मी के हाली मुहाली करेवाला सेख फिरोजके फेसबुक प्रोफाइल से बैनर के फोटो उजार भइला पर समाजिक सञ्जाल आ समाज मे मन्त्री के प्रचार मोह के चर्चा चल रहल बा । सेख फिरोज वितल आर्थिक साल मे पर्सा क्षेत्र नं. २ (ख) के अधिकांश जनतासे चपाकल जडान करे खातिर नागरिकता लेहले रहनी । उ वादा पुरा ना करके प्रचार बाजी मे लाग गइनी । आ पानी टंकी से पानी बाटे लगनी । इ सबसे आम जनता ना खुश हो गइल बा । अउर उनकर बात के विशवास करे लायक नइखे रह गइल जनता कहत रहत बा ।






