ठोरी के ठुटेखोला मे अस्थायी तटबन्ध बनावेमे भारतीय पक्ष कईलख झमेला

वीरगंज १२ सावन
पर्सा के ठोरी बजार कटान रोके खातिर ठुटेखोला मे नेपाली पक्ष अस्थायी तटबन्ध (कच्चा कुलो) बनावेके खोजला पर भारतीय पक्ष अवरोध कईले बा ।
ठुटेखोला मे आईल बाढ से नेपाल ओरी के ठोरी बजार मे नोक्सानी पुगईला के बाद गाँवपालिका के अगुवाइ मे ठुटेखोला से दक्षिण पट्टी नेपाल ओरी के भूभाग मे डोजर चलाके कच्ची कुलो बनावेके समय मे भारतीय पक्ष अवरोध कईले बा ।
नेपाली पक्ष बाढ से पुगेवाला क्षति न्यूनीकरण के खातिर अस्थायी तटबन्ध के रूप मे कुलो बनावेके काम मे भारतीय सीमा सुरक्षा बल एसएसबी अवरोध कईला के बाद विवाद भईल स्थानीय चिरञ्जीवी सापकोटा जानकारी देहनी ।
विवाद समाधान के खातिर दुनु पक्ष के सीमा सुरक्षा अधिकारीलोग बीच शुक के दिने बईठक बईठल रहे । बईठक से अभी के नेपाली पक्ष से काम अगाडि ना बढावेवाला किसिम से मौखिक सहमति भईल ठोरी गाँवपालिका अध्यक्ष लालबहादुर श्रेष्ठ जानकारी देहनी । नेपाल पक्ष से खोनल कुलो दशगजा क्षेत्र मे परेके कहत भारतीय सीमा सुरक्षा बल एसएसबी कुलो खनेमे अवरोध कईल श्रेष्ठ बतवनी ।
विवादित स्थल मे बईठल बईठक मे सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल १३ नम्बर गण पर्सा के गणपति सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक सुमन थपलिया, प्रस्तावित सीमा सुरक्षा गुल्म सुवर्णपुर के सशस्त्र प्रहरी नायब उपरीक्षक गोविन्द खाती, बीओपी ठोरी के सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक सीताराम कार्की, इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के प्रहरी निरीक्षक शंकर श्रेष्ठ सहभागि रहलन आ भारतीय पक्ष से एसडीएम धनञ्जय कुमार, डीएसपी कुन्दन कुमार, एसएसबी के एसी देवा साकिया लगायत के सुरक्षा अधिकारी के सहभागिता रहल रहे ।
बईठक मे गाँवपालिका के अध्यक्ष लालबहादुर श्रेष्ठ, वार्ड नं २ के वार्ड अध्यक्ष अमृतकृष्ण सापकोटा लगायत के भी सहभागीता रहल रहे आ भारतीय पक्ष से धमौरा गाँवपञ्चायत के मुखिया रामबिहारी महतो लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






