पारिश्रमिक बढावे के माग करत वीरगंज मे मजदुरलोग कईलें बिरोध प्रदर्शन

वीरगंज १३ सावन
पारिश्रमिक बढावे के माग करत वीरगंज मे शनिचर के दिने मजदुरलोग प्रदर्शन कईले बाडन । नेपाल सरकार के प्रथम श्रेणी सरह पारिश्रमिक वृद्धि करेके माग करत मजदुर संगघसंगठनसब दबाबमुलुक जुलुस निकालके प्रदर्शन कईले बाडन ।
हरेक २÷२ बरीस मे पारिश्रमिक बढावेके कानूनी व्यावस्था भईला पर भी उद्योग सञ्चालकसब अभी तक पारिश्रमिक वृद्धि ना कईल कहत मजदुर संघसंगठनसब पारिश्रमिक वृद्धि करेके माग करत प्रदर्शन कईले बाडन ।
वीरगंज के घण्टाघर चोक से निकालल दबाबमुलक जुलुस माईस्थान, आदर्शनगर, घडिअर्वा होत फेनु घण्टाघर चोक मे पुगके कोणसभा मे परिणत भईल रहे । कोणसभा के सम्बोधन करत मजदुर संगठन के नेतालोग नेपाल सरकार के प्रथम श्रेणी सरह पारिश्रमिक बढावे खातिर देशभर के १२ गो टेड युनियन महासंघ संयुक्त रुप मे प्रधानमन्त्री आ मन्त्री के ज्ञापनपत्र बुझईला पर भी अभी तक पारिश्रमिक वृद्धि के घोषणा ना कईला के बाद दबाव के खातिर जुलुस निकालल बतवनी । उलोग एतवार से आन्दोलन के थप कार्जक्रम करेके घोषणा कईले बाडन ।
सावन १४ गते आपन आपन युनियन के बईठक बईठके तइयारी करेके, सावन २० गते आपन–आपन संगठन के प्रदेश स्तरीय भेला करके परिचालन समिति गठन करेके, सावन २१ गते से २६ गते तक आपन–आपन टे«ड युनियन मार्फत उद्योग के तलब वृद्धि करेके माग सहित के दबाव पत्र देवेके, दबाव पत्र हरेक उद्योग श्रम मन्त्रालय आ प्रधानमन्त्री के कार्यालय मे पठावेके बतावल गईल बा ।
एहितरे सावन २७ गते प्रदेश स्तरीय परिचालन समिति के संयुक्त बईठक बईठेके, सावन २८ गते से ३२ गते तक उद्योग मे नाराजुलुश, कोणसभा आ कार्यालय मे धर्ना देवेके आ भादो १ गते से अनिश्चितकालिन अवज्ञा आन्दोलन करेके तालिका रहल मजुर संगठनसब बतवले बाडन ।






