ओझौया के अनशन छोड के वार्ता मे आवे खातिर उपाध्यक्ष महतो कईली निहोरा

वीरगंज २० सावन

पर्सा जिल्ला के पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के एक स्थानिय युवा समाजिक सञ्जाल मार्फत अनेकन माग राख के पालिका विरुद्ध असशन मे बईठला मे गाँवपालिका के गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल जनवले बा ।

गाँवपालिका नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के सभाहल मे पत्रकार सम्मेलन करके पालिका उपाध्यक्ष ममता चौधरी गाँवपालिका के मुलगेट मे अनसन ना बईठला पर भी उ युवा से उठावल जायज मागसब पुरा करे खातिर प्रतिबद्ध रहल बतवले बानी ।

पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के वार्ड नं. ३ पश्चिमारी देकुली रहेवाला रामजन्म ओझैया ई गाँवपालिका के कार्यालय से कुछ माग राखके अनशन बईठल बात सामाजिक सञ्जाल मे भाईरल भईला मे गाँवपालिका कार्यालय के गम्भीर ध्यानकर्षण भईल बतवले बानी । उपाध्यक्ष चौधरी कहनी, ओझैया कउन कारण से अनशन बईठल बाडन, उनकर काथि माग बा ? उ सम्बन्ध मे बुझेके आ पुरा करे सकेवाला जायज मागसब पुरा करे खातिर जिल्ला समन्वय समिति, पर्सा के प्रमुख निरञ्जन साह सोनार, जिल्ला प्रहरी कार्यालय, पर्सा के प्रतिनिधी प्रहरी निरीक्षक प्रकाश बस्नेत के उपस्थिति मे वार्ता के खातिर पालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सन्देश कुमार यादव, वार्ड नं. २ के वार्ड अध्यक्ष विजय गैरे वार्ता के खातिर बोलईला पर भी ओझैया बार्ता मे बईठेके ना मानल बतवनी ।

उपाध्यक्ष चौधरी अनशनरत्त रामजन्म ओझैया के इहे पत्रकार सम्मेलन मार्फत आपन अनशन तुरके वार्ता मे आवे खातिर निहोरा कईनी । पत्रकार सम्मेलन मे गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत संदेश यादव लगायत वार्ड अध्यक्ष आ सदस्यलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।