सरकार आ गौर हत्याकाण्ड पीडित संघर्ष समिति बीच सहमति, आन्दोलन के सभी कार्जक्रम स्थगित

काठमाण्डु २३ सावन
नेपाल सरकार आ गौरहत्याकाण्ड पीडित संघर्ष समिति के बीच मे मंगर के दिने पाँच बुँदे सहमति भईल बा । उ सहमती संगे पीडित से जारी राखल आन्दोलन के सभी कार्जक्रम स्थगित कईले बा ।
गृह मन्त्रालय मे भईल उ वार्ता मे घटना के छानबिन करके दोषी के कानुन बमोजिम कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढावेके, घटना मे मृत्यु भईललोग के स्मृति मे रौतहट मे शहिद स्मारक स्तम्भ बनावेके सहमति भईल बा ।
एहितरे उ घटना मे परके घायल भईल उपचारर्थ आदमी के ईलाज के उचित प्रवन्ध करे खातिर स्वास्थ्य मन्त्रालय के निहोरा करेके आ आर्थिक सहायता उपलब्ध करावेके सम्बन्ध मे प्रधानमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद कार्यालय के निहोरा करेके सहमति पत्र मे उल्लेख कईल बा । एहितरे उ घटना मे पर के शहिद घोषणा कईल आदमी के विवरण राजपत्र मे प्रकाशित करेके आ उ घटना मे मृत्यु भईल माकिर शहिद घोषणा होखेके छुटल मृतकलोग के हक मे शहिद घोषणा के प्रक्रिया अगाडी बढावेके सहमति भईल बा ।
उ सहमति पत्र मे नेपाल सरकार गृह मन्त्रालय के ओरी से सह–सचिव एवं प्रवक्ता नारायणप्रसाद भट्टराई आ संघर्ष समिति के ओरी से समिति के संयोजक रुपसागर देवी उपाध्याय हस्ताक्षर कईले बाडन ।
एहितरे साक्षी मे गृह मन्त्रालय के उप–सचिव उमाकान्त अधिकारी, उप–सचिव (कानून) श्रीकृष्ण पौडेल, प्रहरी उपरिक्षक सुवासचन्द्र बोहरा आ पीडित ओरी से रौतहट माधवनारायण नगरपालिका–५ के उपेन्द्र साह आ परोहा नगरपालिका के रोकैया खातुन हस्ताक्षर कईले बाडन ।
२८ जने के मृत्यु आ सयो आदमी घायल होखेवाला किसिम से ७ चईत २०६३ मे रौतहट के गौर मे भईल घटना मे संलग्नलोग के कारवाही करेके माग करत संघर्ष समिति चरणबद्ध आन्दोलन करत आईल रहे । सावन १ गते से आन्दोलन के अनेकन कार्जक्रमसब जारी रहल रहे । रौतहट के चन्द्रपुर मे वितल ११ दिन से जारी धर्ना कार्जक्रम आजु से स्थगित भईल आम जनता पार्टी (आजपा) के नेता बालकृष्ण सापकोटा बतवनी ।






