विद्यालय शिक्षा सम्बन्धी कानुन के विरुद्ध वीरगंज के निजी विद्यालयसब भी आन्दोलित

वीरगंज २४ सावन
विद्यालय शिक्षा सम्बन्धी कानुन के संशोधन आ एकीकरण करे खातिर बनल विधेयक २०८० के विरोध मे वीरगंज के निजी विद्यालय के सञ्चालकलोग भी आन्दोलित भईल बाडन ।
उ विधेयक के विरोध मे प्याब्सन, एनप्याब्सन आ हिसान से संयुक्त रूप मे घोषणा कईल आन्दोलन के कार्जक्रम मुताविक बुध के दिने तीन गो संस्था वीरगंज महानगरपालिका मे ध्यानाकर्षणपत्र बुझवले बाडन । प्याब्सन वीरगंज महानगर के अध्यक्ष आलोककुमार चौरसिया, एनप्याब्सन वीरगंज महानगरका अध्यक्ष जियालाल गुप्ता आ हिसान के मनिष सिंह बुध के दिने वीरगंज महानगर के मेयर राजेशमान सिंह, उपमेययर इम्तियाज आलम आ शैक्षिक प्रशासन महाशाखा प्रमुख अरविन्दलाल कर्ण के ध्यानाकर्षण पत्र बुझवले बाडन ।
विधेयक मे समावेश कईल कैयन प्रावधानसब निजी लगानी के संस्थागत विद्यालयसब उपर पूर्वाग्रही मात्र ना होके संविधान विपरित, अव्यवहारिक आ अन्यायपूर्ण भर्ईला से ओकरा के खारेज करेके माग सहित देशभर के निजी विद्यालय सञ्चालकलोग आन्दोलन मे उतरल प्याब्सन वीरगंज महानगर के अध्यक्ष आलोककुमार चौरसिया बतवनी ।
उ विधेयक खुदसब से कहल मुताविक संशोधन ना करके पारित कईला पर देशभर के निजी विद्यालयसब बन्द करेमे बाध्य होखेके हिसान के मनिष सिंह चेतावनी देहनी । एनप्याब्सन पर्सा के अध्यक्ष रामराज श्रेष्ठ आन्दोलन के चरणबद्ध कार्जक्रम मुताविक सावन २८ गते देशभर के निजी विद्यालय बन्द करेके आ भादो १ गते से अनिश्चितकालिन विद्यालय बन्द तथा विद्यालय के सवारी साधनसब सार्वजनिक स्थल मे पार्किङ करेके कार्जक्रम रहल रामराज श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।





