कलैया के मेयर बिनोद साह के गाँव मे भी पाँकी–पाँकी भईल, स्थानिय आक्रोशित

प्रभु यादव

बारा २४ सावन

बारा के सब से पुरान नगरपालिका कलैया उपमहानगरपालिका के विकास जवन गाँव के नाम से भईल बा ओकर ईतिहास से विकास भईल लउकता । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १ मे रहल कलैया गाँव मे मेयर विनोद साह के घर बा उहाँ के जाएला थोडासा पानी परला पर पैदल चलेवालन लोग के पैयर के माटी चपल के सहारे उपर तक पहुँच जाला जवना से बुझाता विकास भईल बा ।

जे जे कलैया गाँव पुगल होहीईन ओहलोग के पता होई कईसन रास्ता बा चलेवालन लोग के का सासती होखत बा उहे लोग बुझ रहल बा कलैया २ अमवाटोल के जलन्धर यादव बतवले बानी । हरदिन मोटरसाइकल से यात्रा करिले तीन किलो मिटर चलत चलत पूरा सास्ती आ दिक लाग जाला यादव सिकायत कईले बानी । मेयर साह पडल पानी मे उनकर घर के अगाडि जमल पानी के गाडी चलला पर ना छलकी जवना खातिर घर से निकलल कवाड पथर ईटा राख के लाज पचारहल कलैया २ के सरोज यादव सिकायत कईले बानी ।

भोट के समय मे मेयर साह जनता सब से देहल आसवासन झुठ बना के बजेट बजार के नाम मे ओरवारहल बानी कलैया गाँवबासी के सिकायत रहल बा । पहिले के जनप्रतिनिधि रहल कलैया गाँव के रास्ता ना बनावलख अबही गाँव के बनल साह काम ना कईला से सास्ती भोगत बजार या गाँव घुमेमे लईका लईकी बुढपुरनीया सब के अधिक समय विता रहल स्थानीय लोग के सिकायत कईले बानी । कलैया गाँव मे रास्ता पर पाकपानी रहल बा अउरी घर घर से निकलल फोहर फेकल बा कलैया १६ के रामकिसुन राम सिकायत कईले बानी ।

कलैया १ आ ४ के साझा रास्ता रहल बैंक रोड मे दिन भर भिड रहेला जवना मे पानी पाक मेही जनता सब चलेला बाध्य होकर के चलेला जहाँ हर दिन पाँच गो नगर प्रहरी पार्किङ के खातिर लागल रहेला जहाँ देखाई ना देरहल कलैया २१ के सुबास साह सिकायत कईले बानी । जनता सब विकास के खातिर बात रखला पर पईसा नगर मे ना बा आईतब काम कईल जाई बतावलन कलैया ३ के रमेश साह बतावले बानी ।

जहाँ पईसा के खेल होखेला उहाँ काम कईल करत वाडन जवना जगह नामिली ओहजगह कवनो वास्ता ना करहल जनता सब से सिकायत आरहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।