गरुडा नपा के जनानी जनप्रतिनिधिलोग के मध्यवर्ती तालिम

मेवालाल यादव

रौतहट ३१ सावन

रौतहट के गरुडा नगरपालिका के निर्वाचित १८ जने जनानी जनप्रतिनिधिलोग के महिला नेतृत्व सम्बन्धि ३ दिने मध्यवर्ती तालिम आजु गरुडा के आशिर्वाद होटल मे पुरा भईल बा ।

माण्डवी रौतहट के आयोजना तथा क्ष्ँभ्क् सहकार्य मे ‘ शी लिड्स ः महिला नेतृत्व कार्जक्रम अन्तर्गत वितल बरीस से हि अईसन तालिमसब अनेकन सत्र मे सञ्चालन करत आ रहल बा । कार्जक्रम के उदघाटन तथा समापन सत्र मे गरुडा नगरपालिका के नगर उप प्रमुख पुनम चौधरी तथा माण्डवी के अनुगमन तथा मुल्याँकन अधिकृत सुविन्द्र कुमार दास के उपस्थिति रहल रहे ।

२०२२ के जनवरी–फेब्रुअरी तक नेपाल के मधेश प्रदेश के २८ नगरपालिका मे स्थानीय सरकार मे प्रभावकारी तरिका से आपन भूमिका निर्वाह करे खातिर निर्वाचित जनानी जनप्रतिनिधिलोग के जरुरी सीप आ ज्ञान प्रदान कईला के साथे राजनीतिक संवाद मे सहभागी होखे खातिर निर्वाचित जनानी प्रतिनिधिलोग आ आउर नेतृत्व भूमिका मे भईल जनानीलोग के आत्मविश्वास बढावेके उदेश्य से माण्डवी ई कार्जक्रम सञ्चालन करत आ रहल बा ।

ई कार्जक्रम अन्तर्गत गरुडा नगरपालिका के निर्वाचित महिला जनप्रतिनिधिलोग के पहिलका, दुसरका, तिसरका आ चउथका सत्र करके तालिमसब समापन कईल माण्डवी के अनुगमन तथा मुल्याँकन अधिकृत सुविन्द्र कुमार दास जानकारी देहनी । मध्यावर्ती तालिम मे नैतिकवान नेतृत्व, समस्या के विशलेषण, तथ्याँक सँकलन आवधिक तथा व्यवस्थापन आ दुस्प्रचार तथा द्धेषपूर्ण अभिव्यक्ति के बारे मे छलफल कईल रहे । जनानी जनप्रतिनिधिलोग मे पहिले से आउर ई तालिम से नेतृत्व क्षमता के विकास कईल तालिम मे सहभागी महिला जनप्रतिनिधि पुनम राम जानकारी करवनी ।

मध्यवर्ती तालिम मे गरुडा नगरपालिका के १८ जने निर्वाचित जनानी जनप्रतिनिधलोग के सहभागिता के साथे माण्डवी के अनुगमन अधिकृत सुविन्द्र दास, प्रशिक्षकद्धय पुनम ठाकुर आ सँजय कुमार यादव, सामाजिक परिचालक सुरेन्द्र यादव तथा ममता सिंह के भी सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।