दैनिक जागरण के स्थानीय रिपोर्टर विमल के गोली मारके हत्या

भारत १ भादो

भारत बिहार के अररिया जिल्ला मे हिन्दी पत्रिका दैनिक जागरण के स्थानीय रिपोर्टर विमलकुमार यादव के शुक के सबेरे घर भितर घुस के अज्ञात आदमीसब गोली मारके हत्या कईले बाडन ।

गोली लागके पत्रकार के घटनास्थल मे मृत्यु भईल रहे । सन् २०१९ मे विमल के भाइ के भी अपराधीलोग हत्या कईले रहलन ।

उ मुद्दा मे विमल एक मात्र साक्षी रहलन आ मिलल जानकारी मुताविक उनका के बयान परिवर्तन करे खातिर लगातार दबाब देत आईल रहलन ।

अररिया एसपी अशोक कुमार सिंह कहनी, ’चार अपराधी विमल कुमार यादव के घर बाहर अईलन । चिचिया के बेलवलन, बाहर निकलला पर अपराधीलोग गोली मारके भाग गईलन । उनकर घटनास्थल मे मृत्यु भईलन । उनकर लास पोष्टमार्टम के खातिर पठावल गईल बा । अपराधीलोग के पकडेके प्रयास जारी रहल एसपी सिंह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।