आरती साह के न्याय के माग करत नेपाल स्वयंसेवक संघद्वारा सिडियो के ज्ञापन

मेवालाल यादव
रौतहट ०१ भादो
जनकपुर के आरती साह के न्याय के खातिर नइहर पक्ष काठमाण्डु के माइतीघर मे धर्ना बईठल आजु ६४ वाँ दिन पुगला पर भी सरकार वास्ता ना कईल कहत नेपाल स्वयंसेवक संघ मधेश प्रदेश रौतहट के प्रमुख जिल्ला अधिकारी (सिडियो) के ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।
सरकार कउनो सुनुवाइ ना करके अभियुक्त के बँचावे के नियत से पिडित परिवार के आन्दोलन समाप्त करेवाला किसिम से पुलीसद्धार ाकईल ज्यादती, शोषण, दमन उपर स्वयंसेवक संघ के गम्भिर ध्यानाकर्षण भईल ज्ञापनपत्र मे उल्लेख बा । न्याय के खातिर धर्ना मे बईठल आरती के बाबु बिनोदप्रसाद, माई निर्मला देवी, भाइ प्रेम, बहिन मनीषा, मामा सन्तोषकुमार, आफन्त आ समर्थक सोमार के दिने प्रदर्शन करेके समय मे सिंहदरबार के दु नम्बर गेट पुगला के बाद पुलीस नियन्त्रण मे लेहले रहे । जनानी पुलीस रहला पर भी आन्दोलनरत जनानी के पुरुष पुलीस जनानी के संवेदनशील अंग मे हाथ लगावल घटना सामाजिक संजाल मे व्यापक रुप मे चर्चा मे आईल कहत उ घटना के घोर निन्दा करत दोषी पुलीस उपर कारवाही के माग कईले बा ।
धनुषा के नगराइन नगरपालिका–८ खिरखिरिया के आरती आ जनकपुरधाम ९ धापाचोक के मोतीबाबु साह बीच ०७८ असाढ २९ मे बियाह भईल रहे । वियाह के कुछ समय के बाद मरद आरती के दहेज के दबाव आ यातना देत अईला मे बितल जेठ ७ गते आरती घर के कोठरी भितर पंखा मे ओढनी से फाँसी लटकल अवस्था मे मिलल रहली ।
नईहर पक्ष उनकर आत्महत्या ना हत्या भईल आशंका मे निष्पक्ष छानबिन करेके बदले घटना दवावेके प्रयास हो रहल आरोप बा । उजुरी लेवेमे भी अटेर करेवाला धनुषा के एसपी विश्वराज खड्का आ डीएसपी बेदप्रसाद गौतम के निलम्बन करके कारबाही करेके, जिल्ला न्यायाधिवक्ता, पोस्टमार्टम मे संलग्न डाक्टर उपर अनुसन्धान करके कारवाही करेके, हत्या के सीबाईबीद्वारा जाँच होखेके, जाहेरी देहल सभी के कानुनी दायरा मे लियावेके माग करत नेपाल स्वयंसेवक संघ मधेश प्रदेश के प्रवत्ता पुजा पाठक जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट के प्रमुख जिल्ला अधिकारी धर्मेन्द्र कुमार मिश्र के ज्ञापन पत्र बुझवले बानी ।
उ ज्ञापन पत्र बुझावे मे मधेश प्रदेश के फोकल पर्सन पुजा पाठक आ रौतहट के फोकल पर्सन राकेश यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






