जनता के दुःख देवेके आ ढिलासुस्ती सह्य ना होखी : उपप्रधानमन्त्री श्रेष्ठ

वीरगंज १० भादो
उपप्रधानमन्त्री एवम् गृहमन्त्री नारायणकाजी श्रेष्ठ सेवा प्रवाह मे जनता के अनावश्यक दुःख देवेके आ ढिलासुस्ती करेके काम सरकार के सह्य ना होखेके स्पष्ट कईले बानी ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के नवनिर्मित भवन के आजु उद्घाटन करत उपप्रधानमन्त्री श्रेष्ठ नियमित प्रक्रिया से होखेवाला काम के खातिर अभी भी जनता से ‘सोर्सफोर्स’ लगावेके, चाकरी करेके आ घुस देवेके अवस्था रहला से अब अईसन काम सह्य ना होखेके बतवनी ।
देश मे राजनीतिक परिवर्तन भईला पर भी ओकर अनुभुति जनता से करे ना मिलल उल्लेख करत उ जनता के परिवर्तन के अनुभूति होखेवाला किसिम से काम करे खातिर कर्मचारी के निर्देशन भी देहनी । संविधान आ कानुन मुताविक नियमित प्रक्रिया से होखेवाला काम सहज आ सरलरुप मे जनता के उपलब्ध करावे खातिर निर्देशन देत उ सार्वजनिक जमिन गैरकानुनी रुप मे कब्जा मे लेवेवाला के सरकार ना छोडेके स्पष्ट कईनी ।
भ्रष्टाचार के बडका काण्ड के छानबिन सुरु करके सरकार से सुरु कईल सुशासन के अभियान मे सहजोग करे खातिर सभी पक्ष से निहोरा करत उपप्रधानमन्त्री श्रेष्ठ अनेकन बाधा, अवरोध के बाबजुद सरकार भ्रष्टाचार के फाइल के छानबिन करके निष्कर्ष मे पुगाके दोषी के कानुनी दायरा मे लियाके छोडेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
सरकार सुशासन, समृद्धि आ सामाजिक न्याय के मूलमन्त्र बनाके अगाडि बढल उल्लेख करत उ सामाजिक, आर्थिक रुपान्तरण करके देश के समृद्ध बनावेके आ शान्ति प्रक्रिया के बाँकी काम के निष्कर्ष मे पुगावल सरकार के कार्यभार रहल बतवनी । मिटरब्याज पीडित के न्याय दिलावेके अभियान सुरु कईल चर्चा करत उपप्रधानमन्त्री श्रेष्ठ कउनो कमिकमजोरी ना करके सभी पक्ष के साथ लेके मिटरव्याज पीडित के न्याय दिलावेके निर्देशन भी देहनी ।
कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख राजेशमान सिंह बरीसो से अतिक्रमण भईल सार्वजनिक जमिन खोजेके आ अतिक्रमण मुक्त बनावेके अभियान सुरु कईल बतवनी ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के नवनिर्मित भवन कुल रु छ करोड ५३ लाख के लागत मे निर्माण कईल बा । नवनिर्मित तीनतले भवन से बितल वैशाख से जिल्ला प्रशासन कार्यालय के कामकाज सञ्चालन होत आईल बा ।





