आजु श्रावण मास खातिर आस्था वीरगञ्जके बौधिमाई मंदिर में हजारों श्रद्धालु के भीड़ लागल

वीरगंज १३ भादो

श्रावण शुल्क पक्ष चतुर्दर्शी के दिन वीरगंज घडिअर्वा आशिक वाटिका  में स्थित बौधिमाई के मंदिर में पूजा अर्चना मेला करावे के परंपरा रहल बा।

जवना में हजारन श्रद्धालु मंदिर में अपना व्रत पूरा करे खातिर नरियाल, खसीबोका, बतक, आ मुर्गी के बलि चढ़ावेके चलन बा

आज ओह मंदिर में हजारों भक्तन के भीड़ लागल रहे जवना में पुरुष से अधिका जनानीलोगके भिड रहेला। मेला में कई तरह के मनोरंजन के कार्यक्रम भी आयोजित कईल गईल।

मंदिर के पहिला पूजा के शुरुआत मंदिर के संस्थापक परिवार के गौरी शंकर साह कानू, लखन साह कानू, अमर साह, पसपत साह, मदन साह, मनोहर साह आदि परिवार के लोग कईले अवुरी मंदिर के दरवाजा अवुरी भक्त लोग खाती खोलल गईल पूजा करे के बा।

सैकड़ों साल पहिले एह मंदिर के स्थापना धनसर साह कानू परिवार के ओर से भईल रहे अवुरी इ बात बतावल गईल कि श्रावण के हर महीना के शुल्काक्ष चर्तुदर्शी के दिन बौढ़ी माई के पूजा करे के परंपरा चलत आईल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।