धनुषा मे विद्युत ट्रान्सफर्मर चोरी के आतंक

जनकपुरधाम १३ भादो
धनुषा मे पिछिलका समय विद्युट ट्रान्सफर्मर चोरी के घटना बढल बा । २४ घण्टा भितर धनुषा के मिथिला नगरपालिका आ बटेश्वर गाँवपालिका से दु गो टान्सफर्मर चोरी भईल बा ।
मंगर के रात बटेश्वर गाँवपालिका–५ शान्तिपुरस्थित खेत मे सिँचाइ के खातिर जडान भईल ५० केभीए के ट्रान्सफर्मर चोरी भईल बा । ११ हजार भोल्ट के तार मे सर्ट कराके लाइन काटके ट्रान्सफर्मर चोरी कईल महेन्द्रनगर वितरण केन्द्र के प्रमुख रोशन सिंह बतवनी ।
एकरा से पहिले सोमार के रात मात्र मिथिला नगरपालिका–२ नक्टाझिज के हजराचोक स्थित से २५ केभी के ट्रान्सफर्मर चोरी भईल रहे । प्राधिकरण वितरण केन्द्र प्रमुख सिंह के मुताविक स्थानीय जनता माध्यमिक विद्यालय मे जडान भईल टान्सफर्मर भी ११ हजार भोल्ट मे सर्ट करके लाइन काटके चोरी कईले रहलन ।
जनकपुर ढल्केवर सडक खण्ड के किनार मे रहल टान्सफर्मर चोर जमिन मे गिराके क्वाइल चोरी कईले रहलन । एक हप्ता पहिले असाढ ७ गते रात मिथिला नगरपालिका–५ स्थित विश्रामपुर मे जडान कईल खानेपानी के २५ केभी के टान्सफर्मर चोरी भईल रहे ।
ओकरा से पहिले मिथिला नगरपालिका–२ आ ५ के सिमाना मे परेवाला श्रीपुर मे रहल सिँचाइ बोडिङ मे जडान कईल टान्सफर्मर चोरी भईल रहे । करिब दु महिना पहिले धनुषा के क्षिरेश्वरनाथ नगरपालिका–९ इच्छापुरस्थित सिँचाइ के खातिर अबगे जडान भईल टान्सफर्मर चोरी भईल रहे ।
पिछिलका समय सिँचाइ, खानेपानी, विद्यालय लगायत मे जडान कईल टान्सफर्मर चोरी होखेके क्रम बढल बा । माकिर, प्रहरी चोर पकडे खातिर गम्भीरतापूर्व अनुसन्धान मे ध्यान ना देहल महेन्द्रनगर के वितरण केन्द्र प्रमुख सिंह के सिकाईत बा ।
“टान्सफर्मर चोरी के घटना बढल बा । ११ हजार भोल्ट के तार मे सर्ट करके लाइन काटेके आ टान्सफर्मर गिराके तामा के क्वाइल चोरी कईल जाला”, प्रमुख सिंह कहनी ।
उनका मुताविक टान्सफर्मर के क्वाइल महंगा मे बिक्री होखेके आ ना पकडईला के चलते भी चोरी के घटना बढल बा । “पुलीस गम्भीरतापूर्वक टान्सफर्मर चोरी के घटना के अनुसन्धान ना करी ।
चौर मे जडान कईल टान्सफर्मर चोरी के घटना के समय के मोबाइल ट्रयाक कईला पर चोर पकडाएके सम्भावना बेसी होखी । माकिर, पुलीस खासे ध्यान ना देवेलन ।
जउना से टान्सफर्मरसब असुरक्षित बनल बा”, उ कहनी । एने, इलाका प्रहरी कार्यालय महेन्द्रनगर के प्रहरी निरीक्षक दीपक कार्की चोरी घटना के विस्तृत विवरण ना अईला से अनुसन्धान मे समस्या भईल बतवनी । रात मे चोरी भईल टान्सफर्मर के खातिर अनुसन्धान टोली आवे लागल बतवनी ।
चोरी भईल घटना के समय बहुते मोबाइल मे नेटवर्क कनेक्ट होखेके देखल गईला से अनुसन्धान करे खातिर मुस्किल भईल उ बतवनी । चोर पकडे खातिर क्वाइल के बिक्री होखेवाला सम्भावित दोकान मे भी निगरानी कर रहल प्रहरी निरीक्षक कार्की बतवनी ।






