स्रोत ना खुलल २५ लाख नेपाली रोपेया सहित भारतीय पकडईलें

ढल्केवर १३ भादो

स्रोत ना खुलल २५ लाख रोपेया सहित महोत्तरी पुलीस एक जने भारतीय के पकडले बा । स्रोत ना खुलल २५ लाख १० हजार नेपाली रोपेया सहित भारत के बिहार राज्य जिल्ला सितामढी ग्रामपंचायत बेला मचपकौनी रहेवाला ३७ बरीस के विनय साह के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय महोत्तरी जनवले बा ।

मंगर के दिने मनराशिस्वा नगरपालिका–३ स्थित सुनौल ग्रामीण सडक खण्ड मे विशेष सुराकी के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय आ प्रहरी चौकी इटहर्वाकट्टी से संयुक्त रुप मे खटल पुलीस टोली चेकजाँच करेके समय मे साह के नियन्त्रण मे लेहल महोत्तरी के प्रहरी प्रवक्ता एवं प्रहरी नायव उपरीक्षक दिलीपकुमार गिरी जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक साह चलाके आ रहल बिआर ३० एस ८५८९ नम्बर के मोटरसाइकल के सिट के निचे लुकाके राखल अवस्था मे रकम बरामद कईल बा ।

बरामद कईल रोपेया सहित पुरुष के जरुरी कारबाही के खातिर जलेश्वगर भन्सार कार्यालय मलिवारा पठावेके प्रक्रिया हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय जनवले बा । दु दिन पहिले मात्र महोत्तरी पुलीस २६ लाख २० हजार रोपेया सहित दोसर एक भारतीय नागरिक के पकडले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।