जसपा मधेस प्रदेश के वृहत विस्तारीत बईठक एतवार के होखी

मेवालाल यादव
रौतहट १५ भादो
जनता समाजवादी पार्टी नेपाल जिल्ला समन्वय समिति रौतहट के आयोजना मे जिल्ला के वृहत विस्तारीत बईठक सम्बन्धि पार्टी कार्यालय मे आजु छलफल भईल बा ।
जनता समाजवादी पार्टी रौतहट के जिल्ला अध्यक्ष श्याम बिहारी यादव के अध्यक्षता मे भईल पदाधिकारी बईठक पुरा भईल बा । गौर के “कर्मचारी मिलन केन्द्र” मे सहभागी होखे खातिर जनता समाजवादी पार्टी नेपाल रौतहट के पदाधिकारी बईठक से रौतहट जिल्ला लगायत मधेस प्रदेश के ८ गो जिल्ला मे वृहत विस्तारीत बईठक भादो १७ गते करेके निर्णय कईले बा ।
रौतहट जिल्ला इन्चार्ज के रुप मे रहल रामबशिष्ट यादव के सर्लाही जिल्ला के इंचार्ज के थप जिमेवारी मिलला मे उनका के जसपा रौतहट के पदाधिकारीद्वारा अबीर, माला, गमछा से स्वागत करके बिदाई कईल बा । बईठक से संगठन विभाग सद्स्य मे अनवर हासमी, दलित संगठन के सदस्य मे पुनीत राम आ प्रचार प्रसार संगठन के सदस्य मे राजकुमार दास के जसपा रौतहट के पदाधिकारीद्वारा थप जिम्मेवारी देहला मे टिकामाला लगाके स्वागत कईले बाडन ।
बईठक मे प्रदेश सांसद सोभा साह, प्रदेश सदस्य अनिल कुमार यादव, प्रदेश सचिव पुनीत राम, गुजारा नगरपालिका के प्रमुख संतलाल चौधरी, संघीय परिषद सदस्य धीरेन्द्र यादव, जिल्ला उपाध्यक्ष अमृत चौधरी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






