कृषि मन्त्री भुसाल आ रसियन राजदूत बीच शिष्टचार भेटघाट

काठमाण्डु १८ भादो
कृषि तथा पशुपन्छी विकास मन्त्री डा. बेदुराम भुसाल आ रसिया के राजदूत एलेक्सी नोभिकभ बीच शिष्टचार भेटघाट भईल बा ।
सोमार के दिने कृषि तथा पशुपन्छी विकास मन्त्रालय मे मन्त्री भुसाल आ राजदूत नोभिकभ बीच शिष्टचार भेटघाट भईल बा ।
भेट मे मन्त्री भुसाल दु देश बीच के सहकार्य के प्रबद्र्धन करत व्यापार, लगानी, ऊर्जा आ पर्यटन के क्षेत्र मे महत्वपूर्ण भूमिका रहेके बतवनी । साथे दुनु देश बीच के सहकार्य से पूर्वाधार आ परिवहन क्षेत्र मे बहुते महत्वपूर्ण भूमिका रहेके बतवनी ।
रुस के लगानी कृषि तथा कृषिजन्य क्षेत्र मे होखेके आशावादी रहल बतावत मन्त्री भुसाल कोभिड–१९ महामारी के कठिन समय आ २०७२ साल के भूकम्प मे रुस आ रुसी जनता से कईल सहजोग उपर मन्त्री भुसाल आभार व्यक्त कईनी ।
राजदूत नोभिकभ नेपाल के चाय, कफी, कृषिजन्य जडिबुटी के रसिया मे बढिया माग रहल कहत निर्यात करे सकेके बतवनी ।
रसिया कृषि क्षेत्र मे बहुते बडका प्रगति कईल उल्लेख करत पिछिलका ५ बरीस मे खाद्यान्न आ कृषि औजार निर्यात करे सकेके अवस्था मे पुगल अनुभव सुनवनी । नेपाल औपचारिक माग कईल अवस्था मे रसिया कईसनो सहजोग करे खातिर तइयार रहल प्रतिवद्धता जनवनी ।
दु देश बीच के आपसी हित मे काम करे खातिर वर्किङ गु्रप करावेके तइयारी भईल भी बतवनी । एकरा से दु देश बीच के व्यापार, कृषि आ प्रविधि के क्षेत्र मे कईसन काम कईल जा सकता सुझाव आदानप्रदान मे सहजोग पुगेके बतवनी ।
कुछ रसियन उद्योगीलोग नेपाल मे आपन लगानी करेके चाहला से एकरा खातिर जरुरी सहजिकरण करे खातिर भी मन्त्री समक्ष उ निहोरा कईले रहनी ।






