स्कुल मे खाजा के पईसा अनिमित्ता आ पढाइ कमजोर करा रहल जनता के आरोप

प्रभु यादवब

बारा २० भादो

बारा के सुवर्ण गाँवपालिका के मझरिया मे ब्रह्मबाबा स्कुल मे खाजा मे अनिमितता होरहल स्थमनिय उमेश यादव के आरोप रहल बा ।

स्कुल के हिसाब किताब चार महिना से मागत बानीसन माकिर प्रअ राअशिष गिरी ना देरहल यादव के आरोप रहल बा । स्कुल के पढाइ शिक्षक लोग लापरवाही कर के पढावला से निमन ना भईल यादव के सिकायत रहल बा । स्कुल के व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष कृपा प्रशाद यादव प्रअ खर्च भईल हिसाब किताब ना बतारहल बतावले बानी ।

अपने दु महिना से पुछत बानी माकिर बतावे के ना चाहत बाडन अध्यक्ष यादव के सिकायत रहल बा । स्कुल के व्यवस्थापन समिति सदस्य जग्गा प्रसाद यादव स्कुल मे जेकर लईका लईकी ना पढले उहे लोग राजनिति कर के पढाइ ना होखे देवेके खेल खेल रहल बतावले बानी ।

समिति अध्यक्ष से बईठक मे रह के हिसाब किताब देखल जाँव त सभे सदस्य अईहे माकिर उहे ना आकर के गैर अभिभावक के जमा कर के पढाइ के विगाडे काम करहल बानी कहके सिकायत कर रहल बतावले बाडे । समिति के सदस्य शान्ति देवी स्कुल मे अपने पहिलका समिति मे रहल रहनी कवनो किसिम के अनियमितता भईल होई ओह के बईठक मे बईठ के देखल जासकता माकिर अध्यक्ष यादव बईठक मे ना बईठ के रोड मे हला करहल बाडन उ गलत भईल बतावले बाडीन ।

स्कुल के प्रधानाध्यापक राम असिस गीरी पढेवाला लईकालईकी भर्ना के समय मे अधिक रहल बा माकिर पढेवाला सहभागिता कम होरहल बा ओही अनुसार खाजा खियावल जाला बतावले बानी । हिसाब किताब के सम्बन्ध मे स्कुल के व्यवस्थापन समिति के बईठक बईठ के सभे जनकारी लेवेला कहला पर बईठक मे ना आकर के बाहर बाहर सिकायत अध्यक्ष यादव करहल बाडन सिकायत कईले बानी ।

शिक्षा शाखा प्रमुख बेद्यानन्द कुश्वाहा से सम्र्क करेला खोजला पर कार्यालय मे ना भईला से भेट ना होखे सकल रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।