कलैया उपमहानगरपालिका के अधिकांश स्कूलसब के पढाइ कमजोर बन रहल, नियमनकारी निकाय मौन

प्रभु यादव

बारा २८ भादो

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका के अधिकांश समुदायिक स्कूल सब के पढाइ कमजोर बन रहल बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ के विरेन्द्र यादव समुदायिक स्कूल मे पढेवाला लईका लईकी सब पढाइ मे कमजोर होरहल सिकायत कईले बानी । अमर मावि दोहरी मे २० बरीस पहिले राजधानी आ भारत के विहार के पटना तक के पढनियार अवत रहलन कहत अब कलास मे पढे पुगल लईकन सब के मास्टर लोग ना पढवला से कमजोर होरहल यादव बतावले बानी ।

कलैया २–दोहरी के अवधेश महतो अमर मावि मे तलब मे करिब १० लाख रोपेया महिना मे खर्चा बा माकिर पढाइ के स्तर देखल जाँव तब शून्य रहल बुझात बा कहके बतावले बानी । किलास ९ से १२ तक के पढनियार लईकन सब के मास्टर लोग अछा से ना पढावला के कारण स्कुल से बाहर जाँच होखेवाला कापी के परीक्षा फल बहुते कमजोर देखल गईल सिकायत कईले बानी ।

समुदायिक स्कुल मे पईसावाला के लईकालईकी ना पढले कमजोर गरिब के पढला से सरकारी नोकरी भईल लोग अटेरी कर रहला के कारण पढाइ कमजोर भईल महतो सिकायत कईले बानी । कलैया १६ के किशोरी राम अमर मावि मे करिब १ हजार पढनियार लईकन सब के नाम रहल बा हर दिन ठिक आधा पढे आवलेसन काहे कि मास्टर लोग स्कूल मे हाजिर रहले पढावेके काम कम आ गफ जादा कईले से पढाइ ना भईला से स्कुल छोड रहल सिकायत कईले बानी ।

पढाइ ना होरहल कहत किलास ११ आ १२ के पढनियार लईका लईकी सब किलास कोठा मे बुधवार के दिन ताला लगा के पढाइ के विरोध मे लागल स्थानिय अभिभावक जनकारी करावले बानी । विधालय के प्रधानाध्यापक दिनेश प्रसाद जैसवार से जनकारी लेवेला फोन कईला पर सम्पक ना भईल ।

कलैया उपमहानगरपालिका के शिक्षा शाखा प्रमुख आ कार्यवाहक प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत प्रहलाद वर्णवाल अमर मावि के प्रअ ओकर जवाफ देही हमनी पाछेके परनी जनकारी करावत गैर जिम्मेवारी बात कईले बानी ।

शिक्षा समिति के सदस्य मनोज गुप्ता अपना सब के कलैया उपमहानगरपालिका स्कुल अनुगमन कर के कार्यालय मे शिक्षा शाखा प्रमुख वर्णवाल के आ मेयर विनोद साह के जनकारी करावे के हवे, बानी सुधार करे के उलोगन के रहल जनकारी करावले बानी । स्कुल मे अनुगमन कईल उपमहानगरपालिका मे जनकारी करादेहले बानी सभे लोग के जनकारी करावे के ढोल बजावे के काम ना भईल गुप्ता बतावले बानी । अमर मावि दोहरी मे शिक्षक लोग मे मेलमिलाप ना भईल अउरी मर्यादा ना बुझला से पढाइ मे कमि होरहल बतावले बानी ।

शिक्षक लोग के सल्लाह सुझाव देरहल बानी सब माकिर सरूवा ना कर सकल जारहल बा हर पार्टी के शिक्षक सगठन रहल बा ओह लोग मानेला तयार ना भईला से बाध्य होकर के पछाडी हटेके पडरहल शिक्षा समिति सदस्य गुप्ता बतावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।