वीरगंज मे डेंगु नियन्त्रण के खातिर ‘खोज आ नष्ट’ अभियान

वीरगंज ३० भादो
पिछिलका एक हप्ता मे वीरगंज मे डेंगु के संक्रमण अचानक बढला के बाद वीरगंज महानगरपालिका डेंगु के प्रकोप नियन्त्रण के खातिर ’खोज आ नष्ट’ अभियान चलवले बा ।
महानगरपालिका के स्वास्थ्य महाशाखा आ सरसफाई शाखा के टोली वितल एक हप्ता एने से डेंगु पटावेवाला मोछड आ ओकर लार्भा के बासस्थान पहिचान करत ओकरा के नष्ट करेके अभियान चलवले बा ।
एकरा साथे महानगरपालिका के टोली बाहर से लम्हर दुरी तय करके वीरगंज आवेवाला यात्रुवाहक बस भितर कीटनाशक विषादी ‘बायो डाट’ छिटेके काम शनिचर से सुरु भईल बा ।
अभियान अन्तर्गत महानगर के टोली डेंगु पटावेवाला मोछड आ ओकर लार्भा के बासस्थान रहेवाला गाडी के पुराना टायर दोकान आ ग्यारेजसब मे पुगके पानी जमल टायरसब हटावेके स्वास्थ्य महाशाखा के सहसंयोजक अनिशकान्त कुशवाहा बतवनी ।
उ समय मे शनिचर के सबेरे तक अनेकन जगहा के टायर दोकान आ ग्यारेज मे करके ५ सय ७३ गो पुराना टायर मे जमल पानी मे डेंगु पाटेवाला मोछड आ ओकर लार्भा मिलल कुशवाहा जानकारी देहनी ।
डेंगु पाटेवाला मोछड आ ओकर लार्भा के बासस्थान भईल जोखिमपूर्ण क्षेत्र (टायर दोकान, ग्यारेज, सरकारी कार्यालय, बाहर से आवेवाला यात्रुवाहक बस, घर के पानीट्यांकी, गमला इत्यादि) मे पुगके डेंगु पाटेवाला मोछड आ ओकर लार्भा मारेवाला ‘बायोडाट’ नामक विषादी छिटेके काम हो रहल उ बतवनी ।
टायर दोकान आ ग्यारेज मे टायर मे जमल पानी बिगेके आ सम्बन्धित दोकानदार के टायर मे पानी जमे ना देवेवाला किसिम से टायर भण्डारण करे खातिर सचेत करावल गईल उ बतवनी ।
एकरा सँगे स्थानीय के छत मे रहल ओभर हेड ट्यांकी, गमला, एसी, पानी के बोतल आदि मे डेंगु पाटेवाला मोछड आ ओकर लार्भा खोजके नष्ट कईल गईल जानकारी उ देहनी ।
एकरा साथे बाहर से लम्हर दूरी तय करके वीरगंज मे आवेवाला यात्रुवाहक बस मे भी ‘बायोडाट’ विषादी छिटल सुरु कईल जानकारी उ देहनी । शनिचर के दिने ८२ गो बस भितर ‘बायोडाट’ विषादी छिटेके काम कईल उ बतवनी ।
नारायणी अस्पताल के सूचना अधिकारी डाक्टर उदयनारायण सिंह के मुताविक वीरगंज के क्लिनिक आ अस्पतालसब मे बितल सावन से हि डेंगु के रोगी ईलाज के खातिर आवे लागल रहलन । माकिर भादो तिसरका हप्ता एने मरेजी के संख्या बढल अवस्था रहल डाक्टर सिंह बतवनी ।
महानगरपालिका के स्वास्थ्य महाशाखा के सहसंयोजक कुशवाहा के मुताविक वीरगंज मे भादो २३ से शनिचर के सबेरे तक ३१ जने मे डेंगु के संक्रमण मिलल बा । इहाँ रहल अस्पताल आ क्लिनकसब मे ईलाज के खातिर आईल मरेजीलोग मे स्वास्थ्य परीक्षण करेके समय मे उलोग मे डेंगु के संक्रमण पुष्टि भईल कुशवाहा बतवनी । उ मेसे वीरगंज के २२ जने, आउर जिल्ला के ६ जने आ बाँकी ३ जने भारतीय नागरिक रहल उ बतवनी ।
नारायणी अस्पताल मे अभी डेंगु के संक्रमण भईल दु जने मरेजी ईलाज करा रहल डाक्टर सिंह बतवनी । आउर संक्रमति मेसे कुछ के ईलाज के बाद ठिक भईल आ कुछ घरमे रहरके दवाई खा रहल डाक्टर सिंह बतवनी । उल्था अन्नपूर्ण





