वीरगंज मे लागूऔषध सहित ४ जने पकडईलें

वीरगंज ३१ भादो
पर्सा पुलीस वीरगंज के अनेकन जगहा से लागूऔषध सहित ४ जने के पकडले बा । वीरगंज–२ इदगाह चोक से ४ सय ४१ थान प्रतिबन्धित लागूऔषध नुरफिन, फेनारगन, डाइजेल्याब सहित बारा जितपुर सिमरा उमनपा–२ के प्रदीप बोहरा क्षत्री शनिचर के दिने पकडाईल बाडन ।
एहितरे वीरगंज मे लागूऔषध सहित तीन जने लईका पकडाईल बाडन । पुलीस वीरगंज महानगरपालिका–१५, ब्रम्हचोक से लागूऔषध नाइट्राभेट ट्याब्लेट सहित तीन जने गो लईकाके पकडले बा ।
पकडाएवाला मे सिन्धुपाल्चोक, भक्तपुर आ बारा के तीन जने लईका रहल पुलीस जनवले बा । उलोग के नाम पुलीस सार्वजनिक कईले नईखे ।
नाइट्राभेट ट्याब्लेट ३३७ पिस सहित भक्तपुर के चाँगुनारायण नगरपालिका–७ के १६ बरीस के, सिन्धुली के सुनकोशी गाँवपालिका–२ के १७ बरीस के आ बारा के प्रसौनी गाँवपालिका–३ के १७ बरीस के लईका के लागूऔषध सहित पकडल गईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमारबिक्रम थापा जानकारी देहनी ।
ब्रम्हचोक मे सिगरेट पिरहल अवस्था मे उलोग के शंका लागके पुलीस चेकजाँच कईला पर उलोग के साथ से ३३७ पिस नाइट्राभेट ट्याब्लेट बरामद कईल थापा बतवनी ।
पकडाईल उलोग के जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे राखके उलोग विरुद्ध लागूऔषध सम्बन्धी कसूर मुद्दा मे एतवार के दिने पर्सा जिल्ला अदालत से पाँच दिन के म्याद थप अनुमति लेके आउर अनुसन्धान हो रहल थापा जानकारी देहनी ।






