प्रेस काउन्सिल नेपाल के ५४ वाँ वार्षिकोत्सव पुरा सामाजिक सञ्जाल से सिर्जना होखेवाला अन्यौल चिरेके पडि : राष्ट्रपति

काठमाण्डु ६ कुवार,
राष्ट्रपति रामचन्द्र पौडेल निष्पक्ष, स्वतन्त्र आ सबल प्रेस मात्र लोकतन्त्र के मजबुत बनावेके विश्वास व्यक्त कईले बाडन ।
प्रेस काउन्सिल नेपाल के ५४ वाँ वार्षिकोत्सव के अवसर मे आजु इहाँ आयोजना कईल कार्जक्रम मे राष्ट्रपति पौडेल प्रेस तथा अभिव्यक्ति स्वतन्त्रता के पूर्ण प्रत्याभूति करेके लोकतान्त्रिक व्यवस्था के खातिर आपन जीवन के उर्वर समय जेल, नेल, यातना आ अनेको कष्ट से बितल बतवनी । निष्पक्ष, स्वतन्त्र आ मर्यादित पत्रकारिता के खातिर प्रेस स्वतन्त्रता के पक्ष मे अटल विश्वास आ समर्पण हरदम रहत आईल उनकर कहनाम रहे ।
’समग्र पत्रकारिता क्षेत्र के विश्वसनीयता तथा मर्यादा कायम राखे खातिर आ प्रेस स्वतन्त्रता के सदुपयोग होखो कहके लोकतन्त्र मे काउन्सिल जईसन निकाय स्थापना करके आचारसंहिता तोकेके, कार्यान्वयन भईल÷ना भईल अनुगमन करेवाला लगायत जिम्मेवारी बहन करत आ रहल बा’, राष्ट्रपति पौडेल कहनी । प्रेस स्वतन्त्रता आ पत्रकारिता के मर्यादा उपर कहुँ से सवाल उठे ना देवे खातिर काउन्सिल निष्पक्ष आ स्वतन्त्र रहत सृजनात्मक भूमिका निर्वाह करेके उ जोड देहनी ।
’सामाजिक सञ्जाल के तेज विकास आ प्रयोग सँगे नागरिक के दिग्भ्रमित बनावेवाला विषयवस्तु से कैयन समय अन्योल सृजना हो रहल कहके सिकाईत सरोकारवाला से कईल मिलेला’, राष्ट्रपति पौडेल कहनी, ’अईसन अवस्था मे सामाजिक सञ्जाल से सृजना होखेवाला अन्योल भी प्रेस जगत से चिरेवाला किसिम से सूचना प्रवाह करेके दायित्व थपाईल बा ।’ उ बढिया काम करेवाला पत्रकार के पुरस्कृत, सम्मान करेके आ करे ना सकेवाला के बढिया करेके ओरी उत्प्रेरित करेके स्वायत्त संस्था प्रेस काउन्सिल भईला से आवेवाला दिन मे आउर सफलता मिलो कहके शुभेच्छा व्यक्त कईनी ।
स्वस्थ पत्रकारिता के विकास के खातिर उपयुक्त वातावरण सृजना करके ई क्षेत्र के मर्यादित आ विश्वसनीय बनावे खातिर स्थापित काउन्सिल आजु स्थापना दिवस मना रहला मे राष्ट्रपति पौडेल खुसी व्यक्त कईनी । ’लोकतन्त्र भईल देश मे पत्रकारिता के चउथका अङ्ग के रूप मे लेहल जाला, कउनो भी देश के लोकतन्त्र केतना सुदृढ बा कहके विषय उ देश के प्रेस तथा अभिव्यक्ति स्वतन्त्रता के अवस्था से निर्धारण कईले रहेला’, कहत उ, ’तसर्थ हमनी के संविधान मे प्रेस तथा अभिव्यक्ति स्वतन्त्रता के पूर्ण रुप से प्रत्याभूत करेके व्यवस्था कईल बा ।’
वार्षिकोत्सव मे सञ्चारकर्मी सम्मानित
प्रेस काउन्सिल नेपाल आपन ५४ वाँ वार्षिकोत्सव के अवसर मे राष्ट्रिय समाचार समिति (रासस) के कार्यकारी अध्यक्ष धर्मेन्द्र झा के सम्मान कईले बा । राष्ट्रपति कार्यालय मे आजु आयोजना कईल कार्जक्रम मे राष्ट्रपति रामचन्द्र पौडेल अध्यक्ष झा के सम्मान कईले बानी ।
साथे राष्ट्रपति पौडेल कार्यकारी अध्यक्ष झा सहित पत्रकारलोग कृष्ण अधिकारी, विजय चालिसे, कुलचन्द्र वाग्ले, गगन विष्ट, राजन कार्की, नरेन्द्रजङ्ग पिटर, राजु सिलवाल, रमेश तुफान, मनमोहन स्वाँर, रविन्द्र घिमिरे, केदार भट्टराई, मोती पौडेल, रमेश पौडेल, उदय जिएम आ राजकुमार कार्की के सम्मान कईनी ।
ई बरीस के प्रेस काउन्सिल गोपालदास पत्रकारिता पुरस्कार पत्रकार निर्मला शर्मा के तथा प्रेस काउन्सिल सुरेन्द्रबहादुर बस्नेत पत्रकारिता पुरस्कार पत्रकार दमन राई के देहल गईल बा ।
कार्जक्रम मे सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री रेखा शर्मा प्रेस काउन्सिल सशक्त सञ्चारकर्मी पुरस्कार पत्रकारद्वय सागर पण्डित आ चूँडामणि भट्टराई के तथा प्रेस काउन्सिल आचारसंहिता पुरस्कार चेष्टा साप्ताहिक, राममणि दाहाल र माधवसिंह धामी के देहले बानी ।
प्रेस काउन्सिल क्रियाशील पत्रकारिता पुरस्कार १६ जने पत्रकार के देहल गईल बा । पत्रकारलोग विमल ज्ञवाली, जीवन भण्डारी, शङ्कर रोक्का, श्यामदत्त भट्ट, रामकला खड्का, ताराचन्द्र देवकोटा, भीष्मराज ओझा, माधव बस्नेत, रामकृष्ण अधिकारी, चाँदनी आचार्य, दामोदर न्यौपाने, मणिराज (मोहन) बाँस्तोला, रमेश गिरी, रमेश शाही, प्रेमकुमार आचार्य आ वीरेन्द्र रमण के मिलल बा ।
सरकार के प्रवक्ता शर्मा पाण्डव शर्मा, मिन ठकुरी, वीरेन्द्र केसी, सञ्जीव घिमिरे, कृष्ण ओली, दीपा रेग्मी, मदन कोइराला, सुवास पण्डित, युवराज खड्का, नरेन्द्रसिंह कार्की, अमृतप्रसाद पौडेल, विनोदकुमार मल्ल, भानुभक्त निरौला, हरि भण्डारी, विजय रावत, जगदिश्वर पाण्डे, राजु लामिछाने, इन्द्र विवस डिसी आ ओमकार आचार्य के प्रेस काउन्सिल युवा पत्रकारिता प्रदान कईनी ।
प्रेस काउन्सिल महिला सशक्तीकरण पत्रकारिता पुरस्कार पत्रकार पवित्रा सुनार, भवानी अधिकारी, तारा चापागाईं, दुर्गा आचार्य, रुपा घिमिरे आ गगनशीला खड्का के देहल गईल बा । प्रेस काउन्सिल समावेशी पत्रकारिता पुरस्कार सन्तोष सिंह, मनकुमार गदाल, शर्मिला बुढाथोकी, रितेश त्रिपाठी, रजनी योगी, विनोद परियार, फिरोज सिद्दिकी के मिलल बा ।
प्रेस काउन्सिल विधागत पत्रकारिता पुरस्कार केशव थोकर आ नेमिश गौतम के देहल गईल बा । प्रेस काउन्सिल साहित्यिक पुरस्कार हिमाल गुराँस द्वैमासिक के खिमानन्द पोखरेल के मिलल बा आ प्रेस काउन्सिल भाषागत पत्रकारिता पुरस्कार मैथली भाषा के आँजुर द्वैमासिक के सम्पादक रामभरोष काँपडी के देहल गईल बा ।






