बिना कागज के बालु लादल ट्रेक्टर पुलीस पकड के पालिका के जिम्मा लगवलख

प्रभु यादव
बारा ७ कुवार
बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ३ बजनी मे विना कागज पत्र के बालु लियारहल ट्रेक्टर के पुलीस पकड के कारवाही करे खातिर पालिका के जिम्मा लगवले बा ।
दुधौरा नदि मे से सँझिया करिब ५ बजे के समय मे लियारहल ट्रेक्टर के चेक जाँच कईला पर कवनो किसिम के सिफारीस भा कागज ना मिलल जवना के छानविन करेला स्थानीय सरकार के जिम्मा लगावल गईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।
दुधौरा नदि से बालु लेके सिमरा ओर जारहल ना.२.त.५९९७, ना.२.त.९७१३, ना.२.त.९९४४, ना.२.त.९८७९, ना.३.त.४४१२, ना.४.त.७१५८, ना.४.त.४३७१, ना.५.त.४५४० ट्रेक्टर पुलिस बजनी से पकडले बा । जितपुरसिमारा उ.म.न.पा. वार्ड नं. ४ मे दुधौरा नदि मे ना.७.प.४५३६, प्र.०३–००१.त.३९२१ कर के १० गो ट्रयाक्टर के रोक के चेकजाँच कईला पर कवनो आधिकारिक पत्र तथा सिफारिस ना भेटला से आवशयक कारवाही करेला बालु सहित ट्रयाक्टर पालिका के जिमा लगावले बा बारा प्रहरी जनकारी करावले बा । जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका कानूनी कारवाही के प्रक्रिया अगाडी बढावल गईल जानकारी करावले बा ।






