चार दिन के बाद मलंगवा मे दिनके कर्फ्यू हटल, निषेधाज्ञा जारी

जनकपुरधाम ८ कुवार

सर्लाही के मलंगवा मे चार दिन से लागत आईल कर्फ्यू दिनके समय मे हटावल गईल बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय सर्लाही मे आजु सोमार के सबेरे बईठल जिल्ला सुरक्षा समिति के बईठक से दिनके कर्फ्यू हटावेके आ रात ८ बजे से ४ बजे तक मात्र कर्फ्यू कायम राखेके निर्णय कईले बा । दिनके कर्फ्यू हटला पर भी निषेधाज्ञा जारी राखेके निर्णय बईठक से कईले बा ।

सर्वसाधारण के सुरक्षा मे परे सकेवाला सम्भावित जोखिम के मध्यनजर करत साबिक मलंगवा नगरक्षेत्र भितर कउनो किसिम के भेला, जुलुस, बईठक भा प्रदर्शन भा पोष्टर, पर्चा जईसन प्रचार सामान साटेके भा लिखेके निषेध कईल बा ।

कुवार ४ गते सँझिया दु पक्षबीच झडप भईला के बाद अप्रिय घटना होखे ना देवेके कहत जिल्ला प्रशासन कार्यालय सर्लाही साबिक के मलंगवा नगरपालिका क्षेत्र मे अनिश्चितकालीन कर्फ्यू लगवले रहे । सामाजिक संजाल मे सामाजिक सद्भाव बिगाडेवाला किसिम के हल्ला एवम् अफवाह फईलावेवाला आदमीसब के पहिचान करके साइवर अपराध कईल अभियोग मे कानून बमोजिम कारबाही करेके भी सुरक्षा समिति निर्णय कईल सर्लाही के प्रमुख जिल्ला अधिकारी ईन्द्रदेव यादव जानकारी देहनी ।

हल्ला के पछाडि ना लागे खातिर सचेत करावेके आ सार्वजनिक सम्पत्ति के तोडफोड, आगजनी, ईटापथल चलावेके, उच्छृङ्खल गतिविधि लगायत के विरोध प्रदर्शन करेके, सामाजिक सद्भाव बिगाडेवाला किसिम के घटना घटावेके एवम् घटन मे संलग्न जे केहु के कडा से कडा कारबाही होखेके उ चेतावनी देहले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।