विश्व पर्यटन दिवस : नेपाल आवेवाला पर्यटक के वीरगंज नाका मे फूलमाला से स्वागत

वीरगंज १० कुवार
४४ वाँ विश्व पर्यटन दिवस के अवसर मे वीरगंज नाका मे नेपाल घुमे आईल भारतीय पर्यटक के स्वागत आ सत्कार कईल बा । होटल तथा पर्यटन व्यवसायी संघ वीरगंज आ पर्यटन प्रहरी कार्यालय भारत से नेपाल घुमे आईल चार जने भारतीय पर्यटक के वीरगंज नाकास्थित शंकराचार्य प्रवेशद्वार मे आजु फुलमाला, खादा आ टीका लगाके स्वागत कईले बाडन । उ अवसर मे उलोग के शुभसाइत के रुप मे दही भी खियावल रहे ।
नेपाल प्रवेश करेके समय नाका मे स्वागत सहित के सत्कार मिलल भारतीय पर्यटक नेपाल के ओरी से मिलल स्वागत आ सत्कार बहुते सम्झे लायक रहल प्रतिक्रिया देहलन । भारतीय पर्यटक आर के सिंह खुद के मिलल ई सम्मान आ आतिथ्यता के बखान आपन देश मे जाके आपन साथीभाइ के सुनावेके आ उलोग के भी नेपाल घुमे आवे खातिर हौसला देवेके बतवनी ।
दोसर भारतीय पर्यटक दिगम्म्बर कुमार खुद पहिले भी नेपाल घुमे आईल आ नेपाल बहुते बढिया लागला से फेनु घुमे आईल बतवनी । उ कहनी,’ माकिर, ई बेर के नेपाल घुमाइ आउर विशिष्ट होखी । काहेकी नेपाल के प्रवेद्वार मे एतना बढिया स्वागत आ सत्कार मिलल ।’
उलोग वीरगंज होत काठमाण्डु के पशुपतिनाथ के दर्शन करे चलल बतवलन । नाका मे भारतीय पर्यटक के स्वागत करेके समय मे होटल तथा पर्यटन व्यवसायी संघ वीरगंज के अध्यक्ष हरि पन्त वीरगंज के कउनो भी होटल मे निःशुल्क बास रहेके व्यवस्था मिलावेके बतवनी ।
अध्यक्ष पन्त वीरगंज लगायत भारतीय सीमा लगेके होटल तथा पर्यटन व्यवसाय के ५० से ६० प्रतिशत तक पाहुना भारतीय रहेलन कहके बतवनी ।
बुध के सबेरे नाका मे पर्यटक के स्वागत करे खातिर होटल तथा पर्यटन व्यवसायी संघ के केन्द्रीय सदस्यलोग रचेन्द्र सिंह थापा, माधव बस्नेत, कुबेर कार्की, दिलिपराज कार्की, मिलन श्रेष्ठ, सशस्त्र प्रहरी नायब उपरीक्षक देवेन्द्र सिंह, पर्यटक पुलीसलोग पुगल रहलन ।






