त्रिजुद्ध मावि मे स्वास्थ्य शिविर, दु सय लइकी के चेकजाँच भईल

वीरगंज ११ कुवार
राष्ट्रिय मानव अधिकार तथा भ्रष्टाचार नियन्त्रण नेपाल के पूर्व अध्यक्ष स्व. परमानन्द चौधरी के बर्सी के अवसर मे आजु स्वास्थ्य शिविर कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
त्रिजुद्ध माध्यमिक विद्यालय के प्राङ्गण मे भईल कार्जक्रम के किलास १२ मे पढेवाली २०० जने लईकीसब के चेकजाँच कईल रहे । ओम अस्पताल वीरगंज के समन्वय मे भईल कार्जक्रम मे अस्पताल के संचालक बरिष्ट स्त्री तथा प्रसुती रोग विशेषज्ञ डा. जगतदिप, डा. पवन पटेल के टिम लईकीसब के खास करके महिनावारी सम्बन्धी चेकजाँच कईल रहे ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी हिरालाल रेग्मी स्व. परमानन्द चौधरी मानव अधिकारकर्मी के रूप मे कईल काम के बारेमे चर्चा करत एगो इमान्दार आ कर्मठ आदमी के निधन से राष्ट्र के हि बडका नोक्सानी भईल बतवले रहनी । ईे शिविर से लईकीलोग स्वास्थ्य सम्बन्धी बहुते जानकारी होखेके विश्वास व्यक्त करत आवेवाला दिन मे भी मानव कल्याण के खातिर ई संस्था से समन्वय करके कार्जक्रम करे खातिर तइयार रहल बतवनी ।
शिविर मे लईकीसब मे नियमित महिनावारी, पेट दुखाएके समस्या, समय मे महिनावारी ना होखेके, दुबराएके, मुडि दुखाएके, खाना ना पचेके, पिसाब मे इन्फेक्सन लगायत के समस्यासब के चिकित्सकलोग चेकजाँच कईले रहलन । चेकजाँच के बाद लईकीलोग के ओम अस्पताल के ओरी से निःशुल्क दवाई भी बाँटल गईल अस्पताल के संचालक बरिष्ट स्त्री तथा प्रसुती रोग विशेषज्ञ डा. जगतदीप बतवनी ।
कार्जक्रम मे राष्ट्रिय मानव अधिकार तथा भ्रष्टाचार नियन्त्रण नेपाल के कोषाध्यक्ष संगिता पटेल, अतिथिलोग अजय पटेल, सरोज पटेल, ममता चौधरी, नवीन मिश्रा, सन्तोष पुन, सरोज बोहरा, राजेन्द्र प्रसाद साह, ओम अस्पताल के आसीम अन्सारी, सोनालाल साह सोनार, शक्ति विक्रम पटेल, अनुराग प्रजापति, दीपिका गिरी, रामभरोस यादव, सीमा कुमारी राम, दीपक कुमार यादव लगायत के सहभागीता रहल आयोजक संस्था के सुनील चौधरी बतवनी ।






