कलैया उपमहानगरपालिका मे प्राविधिकलोग के वार्ड सचिव के जिम्मेवारी मिलल, किसानलोग समस्या मे

प्रभु यादव

बारा १२ कुवार

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका मे कृषि प्राविधिक सब वार्ड सचिव मे काम कर रहल बाडन ।

कृषि कर्म करेवाला किसान लोग धान के खेत मे लागल विमारी लेके बजार दुकान घुमरहल बाडन । कृषि मे अधिक उपज लियावेला प्राविधिक लोग पालिका मे व्यवस्था कईले बा माकिर कलैया मे किसान लोग कतही जाव प्रशासनिक काम करवाह रहल बा । कलैया उपमहानगरपालिका मे कषि आ पशु कर के २७ गो वार्ड मे ४८ जने के दरबन्दी रहल जवना मे दु अधिकृत सहित १० जने रहल बाडन ।

कृषि शाखा मे कागजी काम खातिर अधिकृत आ एक जने प्राविधिक, पशु शाखा मे एक जने अधिकृत आ प्राविधिक अउर लोग के वार्ड सचिव बना के काम करा रहल बाडन । कृषि आ पशु सेवा केन्द्र सब बन्द होकर के झाली मकरी लाग रहल बा प्राविधिक लोग वार्ड सहायक आउरी सचिव मे काम करावला से जनता के लेवेवाला सहजोग ना मिलल किसान लोग के सिकायत रहल बा ।

कृषि शाखा मे अधिकृत कुन्दन यादव आ प्राविधिक सुरेश धमला रहल बानी । सेवा केन्द्र मे रहेवाला कृषि प्राविधिक संगम चापागाई वार्ड नम्वर २३ के प्रशासनिक काम सहायक कर्मचारी मे कर रहल बाडन । किसान सब के धान मे लागल शीत व्लाष्ट समूह के विमारी लाग के विगर रहल बा सलाह सुझाव ना देवेवाला भईला से पीडा मे किसान परल बाडन ।

पशु सेवा शाखा मे डाक्टर मनिस काफ्ले आ रमेश राम रहल बाडन बाकि प्राविधिक अनिल यादव वार्ड नम्वर ११, विशेन्द्र यादव वार्ड नम्वर २, श्रीनिवास यादव वार्ड नम्वर २२, सुलोचना पौडेल २४, अशोक यादव के न्याय शाखा मे प्राविधिक काम छोडा के प्रशासनिक काम मे लगवले बा ।

पशु मे लागेवाला विमारी सब दिन प्रति दिन बढला से मर रहल बा माकिर होखेवाला काम ना होरहल बा । लम्पी स्किन विमारी गाई बैल मे लागल बा किसान घुम रहल बाडन माकिर दवाई करेवाला लोग ना भईला से समस्या पडल बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका के प्रशासन शाखा प्रमुख से जनकारी लेहला पर कर्मचारी कम रहल जवना से वार्ड मे जिमेवारी देके काम मे लगावल गईल जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।