नेपाल स्वयं सेवक संघ के कटहरिया नगरपालिका मे नगर कमिटी गठन 

रौतहट १३ कुवार

रौतहट जिल्ला के कटहरिया नगरपालिका मे शनिचर के दिने नेपाल स्वयं सेवक संघ मधेस प्रदेश के कटहरिया नगर कमिटी गठन भईल बा ।

मधेश प्रदेश के अनेकन जिल्ला मे नेपाल स्वयं सेवक संघ के संगठन विस्तार करेके समय मे कटहरिया नगरपालिका मे नगर कमिटी गठन कईल बा ।

मधेश प्रदेश के फोकल पर्सन पूजा पाठक के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल नगर भेला से राकेश यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे ११ सदस्यीय नगर कमिटी गठन कईल बा ।

नव गठित नगर कमिटी के अध्यक्ष मे प्रकाश श्रेष्ठ, उपाध्यक्ष मे रामबिर ठाकुर, सैलेन्द्र ठाकुर, सह–सचिव दिपेश प्रसाद यादव, कोषाध्यक्ष ममता कुशवाहा, सदस्यलोग मे रेखा देवी, बबिता देवी यादव, महेश यादव, हरेन्द्र यादव, अजिम आलम, अनिता जयसैवाल सर्व सहमति से चयन भईल बाडन ।

नव गठित नगर कमिटी के शुभकामना देत मधेश प्रदेश फोकल पर्सन पूजा तिमिल्सिना नेपाल स्वयं सेवक संघ सामाजिक सस्था रहला से समाज मे रहल विसंगति विकृति के हटावेके काम मे सक्रिय होके लागे खातिर सुझाव देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।