१३१ बरीस के बाद नारायणी अस्पताल पहिलका वार्षिकोत्सव मनवलख मृगौला प्रत्यारोपण सेवा तीन महिना भितर सञ्चालन होखी : मन्त्री बस्नेत

 

वीरगंज १३ कुवार,

वीरगंज के नारायणी अस्पताल शनिचर के दिने प्रथम वार्षिकोत्सव धुमधाम के साथ मनवले बा ।

अस्पताल स्थापना के १ सय ३१ बरीस पुगल अवसर मे आयोजना कईल प्रथम वार्षिकोत्सव समारोह के सम्बोधन करत नेपाल सरकार के स्वास्थ्य तथा जनसंख्यामन्त्री मोहन बहादुर बस्नेत, ‘अस्पताल स्थापना भईला १ सय ३१ बरीस भईल बा माकिर वार्षिक उत्सव पहिलका बेर मनावल देखला पर हमरा भी रोचक लागल बा । अईसन ऐतिहासिक कार्जक्रम मे सहभागी होखेके मौका मिलला मे हम आपना के सौभाग्यशाली मानत बानी ।’

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि मन्त्री बस्नेत नारायणी अस्पताल मे विद्यमान समस्या सम्बोधन के खातिर हम गम्भिरता के साथ लागेके प्रतिबद्धता जनवनी । उ अदालत मे विचाराधिन पाँच सय शैया भवन के मुद्धा जलदी टुंगो मे पुगावे खातिर पहल करेके आश्वासन देहनी ।

उ कहनी, ‘प्रधानन्यायाधीश के खुदे भेट करके ई मुद्दा के जलदी किनारा लगावे खातिर निहोरा करेम ।’ मन्त्री बस्नेत अस्पताल मे मृगौला प्रत्यारोपण (किड्नी ट्रान्सप्लान्ट) सेवा अब के तीन महिना भितर सञ्चालन करेके घोषणा भी कईनी । उ ‘आउर जरुरी उपकरणसब आ जनशक्ति व्यवस्थापन के खातिर मन्त्रालय आ हरा का करेके पडि उ सभी करेम’ कहके प्रतिबद्धता जनवनी ।

विक्रम संवत १९४७ साल मे तत्कालीन राणा प्रधानमन्त्री वीरसम्शेर जबरा से निर्णय होके २०४९ साल मे पृथ्वी वीर अस्पताल के नाम मे स्थापना भईल अभी के नारायणी अस्पताल ३ शय्या से सेवा सुरु कईले रहे । काठमाण्डु के वीर अस्पताल के बाद देश के दुसरका सरकारी अस्पताल के रूप मे स्थापना कईल नारायणी अस्पताल३ शय्या से सुरु कईल सेवा १ सय ३१ बरीस पार कईला पर अभी ३ सय ५० शय्या के सेवा दे रहल अस्पताल के निमित्त मेसु डा. चितरञ्जन साह बतवनी ।

मधेस प्रदेश के पर्सा से महोतरी तक पाँच जिल्ला आ पडोसी देश भारत बिहार के पूर्वी चम्पारण क्षेत्र के भी मरेजी के ईलाज करत आईल नारायणी अस्पताल मे बहिरङ्ग आ अन्तरङ्ग करके दैनिक १ हजार ३५० से बेसी मरेजी ईलाज करावे आरहल निमित्त मेसु साह बतवनी ।

मधेस के पाँच जिल्ला के करिब ३० लाख जनसंख्या आ पडोसी देश भारत के भी मरेजी के आसा, भरोसा आ आस्था के केन्द्र के रुप मे रहल अस्पताल मे भौतिक संरचना आ दक्ष जनशक्ति के कमी भईला से ईलाज सेवा देवेमे समस्या हो रहल सिकाईत निमित्त मेसु साह स्वास्थ्यमन्त्री बस्नेत के सुनवनी ।

साह के मुताविक, २०७५ फागुन ३ के मन्त्रीपरिषद के निर्णय आ स्वास्थ्य मन्त्रालय के २०७५ फागुन ७ के पत्र मुताविक मधेस प्रदेश मे विशिष्ट विशेषज्ञ सेवा प्रदान करे खातिर तत्कालीन नारायणी उपक्षेत्रीय अस्पताल के ५ सय शैया मे स्तरोन्नत्ती करेके निर्णय करके केन्द्रिय अस्पताल के रुप मे नारायणी अस्पताल नामाकरण कईल रहे ।

माकिर उ मुताविक के जरुरी भौतिक संरचना आ जनशक्ति अभी तक भी थप ना भईला से सेवा प्रवाह मे समस्या हो रहल अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर उदयनाराण सिंह बतवनी । सिंह के मुताविक, अस्पताल परिसर मे एक अरब ५० करोड रोपेया के लागत मे आउर ५ सय शय्या के भवन निर्माण के खातिर पाँच बरीस पहिले हि टेण्डर आह्वान होके प्रकृया अगाडि बढल अवस्था मे अदालत मे मुद्धा परला के बाद ५ बरीस से उ अडकल बा ।

अस्पताल मे मरेजी के भिड हरेक दिन बढत गईल माकरि शैया के कमी मे मरेजी के भर्ना करे ना सकल दुखेसा भी मन्त्री बस्नेत के सुनवनी । अभी अस्पताल मे स्वास्थ्यकर्मी आ कर्मचारी करके ३ सय २१ जने के दरबन्दी स्वीकृत बा । माकिर उ मेसे अभी २७३ जने के मात्र पदपूर्ती रहल सिंह बतवनी ।

चिकित्सक के मात्र ७४ जने के दरबन्दी स्वीकृत रहला पर भी अभी अस्पताल मे ५१ जने मात्र कार्यरत रहल आ २३ जने चिकित्सक के दरबन्दी खाली हि रहल बतवनी । एहितरे स्टाफ नर्स ओरी ६६ जने के दरबन्दी रहला पर भी अभी अस्पताल मे ५७ जने मात्र कार्यरत रहल सिंह बतवनी ।

नेपाल सरकार के १९१ आ अस्पताल विकास समिति के १७० जने करके ३५० जने स्वास्थ्यकर्मी आ कर्मचारी कार्यरत बाडन । ओमे चिकित्सक के संख्या ८० मात्र रहला मे उलोग मेसे अधिकांश दैनिक ज्यालादारी आ करार मे रहल सिंह मन्त्री बस्नेत के जानकारी करवनी ।

कार्जक्रम मे निमित्त मेसु साह पाँच सय शैया सञ्चालन के खातिर जरुरी भौतिक संरचना, जनशक्ति आ बजेट के व्यवस्थापन करे खातिर निहोरा करत स्वास्थ्यमन्त्री बस्नेत के लिखित रुप मे अनुरोधपत्र भी बुझवनी ।

वार्षिकोत्सव के अवसर मे मन्त्री बस्नेत अस्पताल मे सञ्चालन मे आईल एमआर आई सेवा आ नवनिर्मित तीन तल्ले आकस्मिक भवन के समुद्घाटन भी कईनी । निमित्त मेसु डा. साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे मधेस प्रदेश के स्वास्थ्यमन्त्री वीरेन्द्र सिंह, प्रतिनिधिसभा सदस्यलोग प्रदीप यादव, अजय चौरसिया, प्रभु हजरा, वीणा जयसवाल, प्रदेशसभा सदस्यलोग जनार्दन सिंह क्षेत्री, वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।