पेट्रोलियम पदार्थ के दाम बढल, ग्यास के भाव सिलिण्डर मे २१५ से बढल

काठमाण्डु १३ कुवार
नेपाल आयल निगम पेट्रोलियम पदार्थ के दाम बढवले बा ।
शनिचर के दिने बईठल निगम सञ्चालक समिति के बईठक से पेट्रोल मे प्रतिलिटर २, डिजेल आ मट्टितेल मे प्रतिलिटर ६ आ खाना पकावेवाला ग्यास मे प्रतिसिलिण्डर २१५ रोपेया बढावेके निर्णय कईले बा । एहितरे हवाइ इन्धन आन्तरिक आ अन्तर्राष्ट्रिय दुनु मे प्रतिलिटर ८ रोपेया बढावल गईल बा ।
ई वृद्धि सँगे ग्यास के मूल्य प्रतिसिलिण्डर २११० रोपेया पुगल बा । पेट्रोल के मूल्य पहिलका वर्ग (चारआली, विराटनगर, जनकपुर, अमलेखगञ्ज, भलबारी, नेपालगञ्ज, धनगढी आ वीरगंज डिपो से बिक्री होखेवाला जगहा) मे प्रतिलिटिर १८२.५ रोपेया, दुसरका बर्ग (सुर्खेत आ दाङ) मे १८४ रोपेया आ काठमाण्डु, पोखरा आ दिपायल मे १८५ रोपेया पुगल बा ।
एहितरे डिजेल के मूल्य पहिलका वर्ग मे १७६.५, दुसरका वर्ग मे १७८ आ तिसरका वर्ग मे १७९ रोपेया प्रतिलिटर कायम भईल बा । आन्तरिक ओरी के हवाइ इन्धन के मूल्य प्रतिलिटर १४४ रोपेया आ अन्तर्राष्ट्रिय के मूल्य १.०९५ अमेरिकी डलर कायम भईल बा । बढल मूल्य शनिचर के रात १२ बजे के बाद लागू होखी ।






