वीरगंज मे दशहरा के अवसर मे पाँच दिन रात्रि बजार लगावेके तइयारी

वीरगंज १४ कुवार

वीरगंज महानगरपालिका वीरगंज मे दशहरा के अवसर मे पाँच दिन रात्रि बजार लगावेके तइयारी कईले बा । नेपालीलोग के महान पर्व दशहरा नजिका रहल आ मौसम मे भी सुधार होत गईला से दु महिना से रुकल ‘रात्रि बजार’ फेनु संचालन करेके तईयारी महानगरपालिका कईले बा । एकरा से पहिले हरेक महिना के अन्तिम शुक आ शनिचर करके दु दिन मात्र लागत आईल ‘रात्रि बजार’महानगर ई बेर ‘रात्रि बजार ५ दिन लगावेके तइयारी कईले बा ।

दशहरा के पहिलका दिन घटस्थापना से सुरु करेवाला किसिम से पाँच दिन ‘रात्रि बजार’ लगावेके तईयारी कईल महानगर के मेयर राजेशमान सिंह जानकारी देहनी । इहे कुवार २८ गते घटस्थापना के दिन से पुराना बसपार्क मे सुरु होखेवाला रात्रि बजार कातिक २ गते तक ५ दिन चलेके जनावल गईल बा ।

एहितरे महानगर भारत से नेपाल प्रवेश करेवाला वीरगंज स्थित मुख्य नाका ५ दिन के खातिर रात के १२ बजे तक खुल्ला रहेके जनवले बा ।

सामान्यतया नेपाल–भारत सीमा नाका रात के १० बजे से सबेरे ५ बजे तक दुनु ओरी बन्द होखेला । माकिर रात्री बजार लागेवाला ५ दिन नाका अबेर रात १२ बजे तक खुल्ला राखेके महानगर नेपाल आ भारत दुनु देश के सीमावर्ती सुरक्षा निकाय से सहमति लेहले बा । ई बेर के ‘रात्रि बजार’ दशहरा के समय परला से आम सर्वसाधारण के सहज होखेवाला किसिम से सहुलियत दर के दोकान भी संचालन करेके तइयारी महानगर कईले बा । ओकरा खातिर घरेलु तथा साना उद्योग से सहकार्य कईल मेयर सिंह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।