भारत से तस्करी करके लियावल सात लाख के गहुँ सहित टेक्टर पकडाईल

वीरगंज १७ कुवार

भारत से तस्करी करके नेपाल मे लियावल एक ट्याक्टर गहुँ पर्सा पुलीस ग्रामीण भेग से पकडले बा । पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १९ केहुनियास्थित तिलावे पुल से बुध के दिने पुलीस ८ हजार ५६० किलो गहँु सहित के ना १ ख ९६४२ नम्बर के ट्याक्टर नियन्त्रण मे लेहले बा ।

विशेष सूचना के आधार मे खटल पुलीस टोली गाँव से वीरगंज बजार ओरी आ रहल उ ट्याक्टर तिलावे पुल मे रोकेके खोजला पर डाईबर ट्याक्टर छोडके भागल रहलन । ओकरा बाद पुलीस चेकजाँच कईला पर उ ट्याक्टर मे लोड रहल ८ हजार ५६० किलो गहुँ बरामद भईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थाापा जानकारी देहनी ।

बरामद गहुँ के बजार मुल्य सात लाख ३९ हजार ६८० रोपेया रहल उ बतवनी । बरामद गहुँ सहित के ट्याक्टर आउर अनुसन्धान तथा कारबही के खातिर बुध के दिने हि वीरगंज भन्सार कार्यालय बुझावल गईल जानकारी थापा देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।