नेपाल जेन क्योकुशिन कराते संघद्धारा सम्मान कार्जक्रम

वीरगंज १८ कुवार
नेपाल जेन क्योकुशिन कराते संघ बियफे के दिने सम्मान कार्जक्रम पुरा कईले बा । परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं ४ चैनपुर मे पुरा भईल सम्मान कार्जक्रम मे नेपाल प्रहरी के प्रहरी सहायक निरीक्षक पद मे वार्ड नं ४ चैनपुर टोल से नाम निकालेमे सफल भईल प्रहरी सहायक निरीक्षक हरेश कुमार राम आ उत्तम साह कानु के कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी संघ के केन्द्रिय अध्यक्ष तथा जसपा पार्टी के युवा नेता सञ्जु साह फूल माला लगाके सम्मान कईला के साथे युवालोग के संघ के ओरी से सम्मानपत्र भी देहले रहलन ।
कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि साह नेपाल पुलीस के रूप मे ई टोल से दलित समुदाय से नाम निकाले मे सफल भईल हरेश कुमार राम आ उत्तम साह के बधाई तथा शुभकामना देहले रहनी । साथे उ अब ई गाँवपालिका से युवालोग सरकारी निकाय मे नाम निकालेवाला जगहा के देखला पर हमरा बहुते खुशी आ गर्व महसुस भईल बतवनी ।
कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस पार्टी वार्ड नं. ४ के सभापति मुख्तार देवान, न्यू रायाजिङ युवा क्लब के अध्यक्ष लक्ष्मी भगत, जसपा के युवा नेता सीकेन्द्र पटेल, सावीर देवान, भागवत यादव लगायत युवाालेग के बधाई तथा शुभकामना देहले रहनी ।
साथे नेपाल जेन क्योकुशिन कराते संघ से काठमाण्डु मे आयोजना होखे लागल कराते खेल के खातिर सहभागिता जनावे लागल खेलाडीलोग आदित्य साह कानु, इमरान हवारी, साजन पटेल आ रबी पटेल के भी इहे कार्जक्रम के बिदाई कईल रहे । संस्था के उपाध्यक्ष रुस्तम हवारी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के सञ्चालन भिखारी साह कानु कईले रहलन ।






