एमनेस्टि वीरगंज के नयाँ नेतृत्व चयन

वीरगंज १८ कुवार

एमनेस्टि इन्टरनेशनल वीरगंज १६ समुह के नयाँ नेतृत्व चयन भईल बा ।

समुह के अध्यक्ष राजेश बोथ्रा के अध्यक्षता मे श्रीपुर मे भईल साधारण सभा से अध्यक्ष मे प्रकाश बाहेति, उपाध्यक्ष मे सन्जिता पटेल, सचिव मे रजनिस झा, सह–सचिव मे रन्जित चौधरी चयन भईल बानी ।

एहितरे समुह के सदस्य मे बिशाल झा, रेनु साह, रन्जिव आनन्द, बिमल जैन, खुसी गुप्ता, सुनिल महतो, बृजेश कुमार अग्रवाल आ सल्लाहकार मे राजेश कमार जैन चयन भईल बानी । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष युवराज खड्का सभा के उदघाटन करत एमनेस्टि इन्टरनेशनल के समाजिक कार्य सराहनीय रहल बतवनी । संस्था के सभी सदस्यलोग एकजुट होके आउर उचाई मे पुगावे खातिर निहोरा करत साधारणसभा के पूर्ण सफलता के कामना कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे समुह के केन्द्रिय कोषाध्यक्ष रोशन बाजगाई, प्रेम पटेल, खुसी गुप्ता लगायत के लोग आपन आपन बिचार राखला के साथे शुभकामना देहले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।