नेपाल स्वयं सेवक संघ के गुजरा नगरपालिका मे नगर कमिटी गठन

मेवालाल यादव
रौतहट १९ कुवार
रौतहट जिल्ला के गुजरा नगरपालिका मे शुक के दिने नेपाल स्वयं सेवक संघ मधेस प्रदेश के गुजरा नगर कमिटी गठन भईल बा ।
मधेश प्रदेश के अनेकन जिल्ला मे नेपाल स्वयं सेवक संघ के संगठन विस्तार करेके समय मे गुजरा नगरपालिका मे नगर कमिटी गठन कईल बा ।
मधेश प्रदेश के फोकल पर्सन पूजा पाठक के अध्यक्षता मे भईल बईठक से ११ सदस्यीय नगर कमिटी गठन भईल बा । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि गुजरा नगरपालिका के नगर प्रमुख सन्तलाल चौधरी नव गठित कमिटी के सभी पदाधिकारी एवं सदस्यलोग के बधाई देहले रहनी ।
नव गठित नगर कमिटी के अध्यक्ष मे जयराम चौधरी, उपाध्यक्ष मे राकेश चौधरी, सचिव दिपक कुमार चौधरी, सह–सचिव दिनेश पसवान, कोषाध्यक्ष अन्तिमा चौधरी, सदस्य लोग मे चम्चा चौधरी, तेतरी देवी, नितु चौधरी, सीता चौधरी, दिपक चौधरी, दिनकर साह सर्व सहमति से चयन भईल बाडन । मधेश प्रदेश के फोकल पर्सन पूजा पाठक नेपाल स्वयंसेवक संघ के हरेक जिल्ला के हरेक पालिका मे कमिटी गठन करेके उदेश्य रहल बतवनी ।
नेपाल स्वयंसेवक संघ के नाम से समाज मे उदाईल संस्था के परिकल्पनाकार खेमराज पौडेल बानी । खास करके देश मे रहेका बेरोजगार युवा, शिक्षित माकिर पहिचान करे ना सकल दक्ष जनशक्ति के एकिकृत् करके उलोग भितर रहल सम्भावित क्षमता के उजागर करावल ई संस्था के मुख्य उदेश्य रहल बा ।
कउनो भी आदमी नेपाल् स्वयम् सेवक संघ मे आवद्ध होखेके चाहला पर सामाजिक काम मे सक्रिय रहेवाला तथा कउनो फौजादारी मुद्धा ना लागल आ मगज ना बिगडल कउनो भी १८ बरीस उमिर ना बितल लोग एमे सदस्य बनके समाज विकास मे आपन सहभागिता जना सकेके फोकल पर्सन पूजा पाठक बतवनी ।






